IND U19 vs ENG U19: वैभव के संघर्ष भइल फेल, इंग्लैंड जीतल आखिरी मैच, सीरीज पs भारत के कब्जा

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के अंडर-19 टीम सोमार के इंग्लैंड के खिलाफ पांचवें वनडे मैच में जीत हासिल ना कर सकल। वॉर्सेस्टशर में खेलल गइल मैच में इंग्लैंड टीम इंडिया के सात विकेट से हरवलस। पहिले बल्लेबाजी करत भारत 50 ओवर में नव विकेट गंवा के मात्र 210 रन बनवलस। इंग्लैंड ई स्कोर 31.1 ओवर में तीन विकेट खोके हासिल कs लेलस।

भारत के तरफ से वैभव सूर्यवंशी आ आरएस अम्ब्रीस संघर्ष कइल लो जवन विफल हो गइल। अम्ब्रीस 81 गेना पऽ छव गो चउकन के मदद से 66 रन बनवले आ टीम के स्कोर 200 के पार पहुंचावे में मदद कइलें। सुरुआती ओवरन में वैभव अच्छा बल्लेबाजी कइलें आ 42 गेना पऽ तीन चौका आ दू गो छक्का के मदद से 33 रन बनवलें।

खराब शुरुआत के बाद संभलल इंग्लैंड

भारत इंग्लैंड के अच्छा सुरुआत ना करे देले रहे। चउथा ओवर के चउथा गेना पऽ जोसेफ मूर्स के दीपेश देवेंद्रन आउट कs देलेइ रहस। एकरा बाद इंग्लैंड के टीम संभलल। दूसरका सलामी बल्लेबाज बीजे डॉकिंग्स आ बेन मायेस शतकीय साझेदारी कइल लो। 113 के कुल स्कोर पऽ डॉकिंस के पुष्पक नमन आपन शिकार बनवलें। उ 53 गेना पऽ नव चौका आ तीन छक्का के मदद से 66 रन बनावे में सफल रहलें। 121 के कुल स्कोर पऽ रॉकी फ्लिंटॉफ के पुष्पक आउट कs के इंग्लैंड के तीसरा झटका देलें। उ चार रन बना सकलें। एकरा बाद इंग्लैंड के कवनो झटका ना लागल। बेन आ कप्तान थॉमस रीव टीम के जीत दिलवलें।

बेन 76 गेना पऽ 11 चौका आ एगो छक्का के मदद से नाबाद 82 रन बनवलें। थॉमस 37 गेना पऽ सात चौका आ एगो छक्का के मदद से नाबाद 49 रन बनवलें।

भारत के पारी

टीम इंडिया के एह मैच में सरुआत खराब मिलल। टीम के कप्तान आयुष महात्रे एक बेर फेर नाकाम रहलें आ पहिला ओवर में पवेलियन लवट गइलें। उ खाली एक रन बनवलें। एकरा बाद वैभव सूर्यवंशी के विकेट भारत खो दिहल। इहां से राहुल कुमार (21), हरवंश पंगलिया (24) अच्छा खेलल लो बाकिर ओकरा के बड़हन पारी में तब्दील ना कs सकल लो।

मैच हरला के बादो भारत ई सीरीज 3-2 से अपना नाम कs लेलस। एह सीरीज में वैभव के अहम रोल रहल। जे सानदार पारी खेल के तूफान मचा देलें आ कइयन गो रिकॉर्ड बना डलले।

Read Also: Nationwide Strike : हड़ताल पS जाई लोग देसभर के 25 करोड़ कर्मचारी- बैंकिंग, डाक, परिवहन, कारखाना होई प्रभावित- जानीं बंद के तारीख

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-