Nationwide Strike : हड़ताल पS जाई लोग देसभर के 25 करोड़ कर्मचारी- बैंकिंग, डाक, परिवहन, कारखाना होई प्रभावित- जानीं बंद के तारीख

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2025

Nationwide Strike : बैंकिंग, इंश्योरेंस से लेके कोल माइनिंग, हाईवे आ कंस्ट्रक्शन में लागल 25 करोड़ से जादे कर्मचारी 9 जुलाई के देसव्यापी हड़ताल करे जा रहल बा लो। देस भर में होखे वाला एह

Share

Nationwide Strike : बैंकिंग, इंश्योरेंस से लेके कोल माइनिंग, हाईवे आ कंस्ट्रक्शन में लागल 25 करोड़ से जादे कर्मचारी 9 जुलाई के देसव्यापी हड़ताल करे जा रहल बा लो। देस भर में होखे वाला एह व्यापक हड़ताल से जरूरी सेवा के प्रभावित होखल तय बा। 10 केंद्रीय श्रमिक संगठन आ ओकर सहजोगी इकाइयन के एगो ग्रुप ‘सरकार के मजदूर विरोधी, किसान विरोधी आ राष्ट्र विरोधी कॉरपोरेट-समर्थक नीतियन के विरोध करे’ खातिर ई आम हड़ताल भा ‘भारत बंद’ के आह्वान कइले बा। श्रमिक संगठनन के ई ग्रुप ‘देसव्यापी आम हड़ताल के व्यापक रूप से सफल’ बनावे के आह्वान करत कहले बाड़ें कि औपचारिक आ अनौपचारिक/असंगठित अर्थबेवस्था के सब क्षेत्रन में हड़ताल खातिर तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा।

एह क्षेत्रन पs पड़ी हड़ताल के सीधा असर

ऑल इंडिया ट्रेड यूनियन कांग्रेस के अमरजीत कौर कहलें, ‘‘हड़ताल में 25 करोड़ से जादे कर्मचारियन के हिस्सा लेवे के उम्मीद बा। किसान आ ग्रामीण कर्मचारी देसभर में होखे वाला एह हड़ताल के हिस्सा बनी।’’ हिंद मजदूर सभा के हरभजन सिंह सिद्धू कहलें कि हड़ताल के कारण बैंकिंग, डाक, कोयला खनन, कारखाना, राज्य परिवहन सेवा प्रभावित होई। ग्रुप बयान में कहलस कि पिछला साल ग्रुप श्रम मंत्री मनसुख मांडविया के 17 मांगन के एगो चार्टर सउपले रहे। ग्रुप कहलस कि सरकार पिछला 10 सालन से वार्षिक श्रम सम्मेलन के आयोजन नइखे करत आ श्रमबल के हितन के खिलाफ फैसला ले रहल बिया।

का बा कर्मचारियन के मांग

बयान में कहल गइल बा, ‘‘हमनी के सरकार से बेरोजगारी पs धेयान देवे, स्वीकृत पदन पs भरती करे, जादे नौकरियन के सृजन, मनरेगा श्रमिकन के कार्य दिवसन आ मजदूरी में बढ़न्ती के संगे शहरी क्षेत्रन खातिर समान कानून बनावे के मांग कs रहल बा लो। बाकिर सरकार नियोक्तन के प्रोत्साहित करे खातिर ईएलआई (रोजगार से जुड़ल प्रोत्साहन) योजना लागू करे में व्यस्त बा।’’ ग्रुप इहो आरोप लगवलस कि सरकारी विभागन में नवहन के नियमित नियुक्ति देला के बजाय सेवानिवृत्त लोगन के काम पs रखला के नीति देस के बढ़न्ती खातिर हानिकारक बा काहेकि 65 प्रतिशत आबादी 35 बरिसन से कम उमिर के बा आ बेरोजगारन के संख्या 20 से 25 वर्ष के आयु वर्ग के लोगन में सबसे जादे बा।

सरकारी विभाग आ कंपनियन के हड़ताल में सामिल होखे के नोटिस

एनएमडीसी लिमिटेड आ आउर गैर-कोयला खनिज, इस्पात, राज्य सरकार के विभागन आ सार्वजनिक क्षेत्र के उद्यमन के श्रमिक नेता हड़ताल में सामिल होखे के नोटिस देले बा लो। श्रमिक नेता लोग कहल कि संयुक्त किसान मोर्चा आ कृषि श्रमिक संगठनन के संयुक्त मोर्चा एह हड़ताल के समर्थन देले बा आ ग्रामीण भारत में बड़ पैमाना पs लामबंदी करे के फैसला कइले बा। श्रमिक संगठन एकरा पहिले 26 नवंबर, 2020, 28-29 मार्च, 2022 आ पिछला साल 16 फरवरी के एही तरे के देसव्यापी हड़ताल कइले रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.