Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहाने 4 बजे ले चलल गोपाल राय के घर आयकर विभाग के कार्रवाई, इहां से मिलल 425 करोड़ के चंदा

240
Google Ads 300*250 for posts

लखनऊ सहित देश के कई शहरन में पड़ल आयकर विभाग के छापा के कार्रवाई बियफ़े सुबेरे ले चलल। लखनऊ में राष्ट्रीय क्रांतिकारी समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष गोपाल राय के लालकुआं स्थित आवास पर बिहाने 4 बजे ले इंकम टैक्स के अधिकारी दस्तावेज खंगरलें जेकरे बाद कई अहम दस्तावेज जब्त कs के अपने संगे ले गइलें।

सूत्र बतलस कि गोपाल राय जौन पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष हवें, ओसे ऊ कब्बो चुनाव नाइ लड़लें। उनका पs आरोप बा कि ऊ डमी पार्टी बना के चुनावी चंदा जुटवलें के काम करत रहलें।। गोपाल कई एनजीओ भी चलावत रहलें, जेकर कार्यालय उनका घर हवे।

गोपाल राय के घरे उनुका घर के बहरी सेंट्रल इंस्टीट्यूट ऑफ पब्लिक ग्रिवेंस एंड इन्क्वायरी, अखिल भारतीय गौ रक्षा परिषद, औद्योगिक एवं तकनीकी शिक्षा परिषद, नेशनल एसोसिएशन फॉर द ब्लाइंड जइसन संगठनन के बोर्ड लगावल गइल बा जवना पर बड़का नेता लोग के फोटो आ… मंत्री लोग के लगावल गइल बा. खोजबीन के दौरान आयकर टीम गोपाल राय से अलग-अलग दस्तावेज के लेके पूछताछ करत रहल। ओने, गोपाल राय अपना घर प भईल आयकर छापामारी के साजिश के तहत बतवले बाड़े।

दुसरा ओर सुल्तानपुर में घड़ी साज के पार्टी के कार्यालय प भी 16 घंटा छापामारी कइल गइल। जांच के दौरान पता चलल कि चौक में घड़ी के दोकान वाला अब्दुल माबूद इदरीसी के साल 2013 से उनका राजनीतिक दल अपना देश पार्टी के चंदा के रूप में 425 करोड़ रुपया मिलल बा। छापामारी के बाद इनकम टैक्स टीम माबूद के घर से बहुत जरूरी कागजात अपना संगे ले गईल। सूत्र बतवले कि माबूद के खाता में अधिकांश पइसा गुजरात से आइल रहे। माबुद गुजरात में रज्जाक के अपना पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष बनवले रहले। प्रदेश अध्यक्ष के माध्यम से कालाधन के सफेद में बदले के काम होखत रहे।

एकरा संगे-संगे वाराणसी में आयकर विभाग के कार्रवाई लगातार दूसरा दिन जारी रहल। चुनाव आयोग के निर्देश प गुरुवार के दुसरका दिन जनराज्य पार्टी के अध्यक्ष रविशंकर सिंह यादव के आवास अउरी कार्यालय पs आयकर विभाग के ओर से कार्रवाई कइल गइल। टीम पइसा के लेनदेन से जुड़ल कागजात, कंप्यूटर के हार्ड डिस्क जब्त कइले बिया।

आयकर अधिकारी के मुताबिक जनराज्य पार्टी बिना कवनो लिखापढ़ी के चुनावी चंदा के रूप में करोड़ों रुपया वसूली कइलस। गुरुवार के दुपहरिया ले प्रयागराज में रविशंकर के ठिकाना पs आयकर विभाग के टीम मौजूद रहे। एह दौरान कई गो महत्वपूर्ण रिकार्ड जब्त कइल गइल। आयकर विभाग के इहाँ अवैध लेनदेन के भी सबूत मिलल बा, जवना के जांच कईल जाता।

324950cookie-checkबिहाने 4 बजे ले चलल गोपाल राय के घर आयकर विभाग के कार्रवाई, इहां से मिलल 425 करोड़ के चंदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.