Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक: थाना में आयोजित भइल जनता दरबार

371

मशरक/सारण/धर्मेन्द्र कु॰ सिंह। मशरक थाना परिसर में सनीचर के जमीन से जुड़ल ममिलन के निपटारा खातिर अंचल कार्यालय के अंचल निरीक्षक महेंद्र राम आ थानाध्यक्ष जनता दरबार लगावल लो। अंचल कार्यालय के अंचल निरीक्षक महेंद्र राम बतवले कि जमीन से जुडल पहिले के 4 गो ममिला रहे आ 3 गो नया ममिला आइल। एह तरे आइल कुल सात गो ममिलन में 3 गो के निपटारा भइल।

मौका पs जनता दरबार में उपस्थित कर्मी दारोगा लक्ष्मण प्रसाद आ अंचल कार्यालय के बड़ा बाबू शशिकांत कुमार बतावल लो कि 4 गो ममिला के जांच में डाल दिहल गइल बा। अगिला सनीचर के सुनवाई होई।

326270cookie-checkमशरक: थाना में आयोजित भइल जनता दरबार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.