Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बबीना कैंट फील्ड फायरिंग रेंज में हादसा; गोला फटले से दू सैनिक गंववलें आपन जान, एक आदमी घायल

420
सेना के बबीना स्थित फील्ड फायरिंग रेंज में बियफ़े के रात बड़ हादसा हो गइल। नियमित अभ्यास के दौरान सेना के तोप टी-90 के बैरल अचानक फाट गइल। एह घटना में दो जवान आपन जान गंवा देहलें, जबकि एक जनी घायल हो गइलें।
घटना के दौरान टैंक बबीना फील्ड फायरिंग रेंज के प्वाइंट नंबर 6 ए पर तैनात रहलें। एही दरम्यान ओमें चलावे के गोला लोड कइल गइल। गोला चलतही बैरल फाट गइल। एह हादसा में पश्चिम बंगाल निवासी नायब सूबेदार सुमेर सिंह बगरिया (41), सुकांता मंडल अउर टैंक ड्राइवर संत कबीर नगर निवासी प्रदीप सिंह यादव गंभीर रूप से घायल हो गइलें, जिनके आनन-फानन बबीना मिलिट्री अस्पताल ले जाइल गइल। इहां सुमेर सिंह अउरी सुकांता मंडल के निधन हो गइल। जबकि, प्रदीप यादव के इलाज जारी बा।
349500cookie-checkबबीना कैंट फील्ड फायरिंग रेंज में हादसा; गोला फटले से दू सैनिक गंववलें आपन जान, एक आदमी घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.