[the_ad_group id="30365"]

इमरान फेर से कइलें मोदी के तारीफ : बोलले- ‘नवाज शरीफ के बाटे विदेशन में अरबों के संपत्ति, भारत के पीएम के बा का?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान एक बेर फिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के तारीफ कइले बानें। एह बेर उ पाक के पूर्व पीएम नवाज शरीफ अउरी उनके परिवार के भ्रष्टाचार के मुद्दा पर घेरत उनके लग्गे विदेश में अरबों के संपत्ति होखले के आरोप लगवलें। एगो रैली में इमरान मौजूद लोग से पूछलें कि पड़ोसी देश के पीएम मोदी के विदेशों में एतना संपत्ति बा का?

इमरान खान के एह भाषण के वीडियो इंटरनेट पर तेजी से वायरल हो रहल बा। एहमें इमरान खान विदेश में रह रहल नवाज शरीफ पर तीखा हमला कइलें। इमरान खान कहलें कि विश्व के अन्य कौनो नेता के लग्गे पाकिस्तान के पूर्व पीएम नवाज शरीफ जेतना संपत्ति नाइ होई। विदेश में शरीफ के लग्गे केतना संपत्ति बा, एकर कौनो अंदाजा नाइ लगावल जा सकsता। कौनो भी देश के प्रमुख नेता के लग्गे अपने देश से बाहर अरबों के संपत्ति नाइ होई। इमरान जनता से सवालिया अंदाज में पूछलें कि हम पड़ोसी देश में भी पीएम मोदी के लग्गे भारत के बाहर केतना संपत्ति बा?

ई पहिला मौका नाइ ह, जब पाकिस्तान तहरीके इंसाफ पार्टी ‘पीटीआई‘ के प्रमुख इमरान खान भारत चाहे पीएम मोदी के तारीफ कइलें। एकरे पहिले भी ऊ भारत के विदेश नीति अउरी अमेरिका अउरी रूस के साथ रिश्ता के ले के पीएम मोदी के तारीफ कs चुकल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]