क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार के खाता से अवैध निकासी: सचिव के शिकायत पs केस दर्ज
पटना। क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार के खाता से 29 लाख 70 हजार रुपिया के अवैध निकासी भइल बा। एह संबंध में एसोसिएशन के सचिव आदित्य प्रकाश वर्मा कृष्णापुरी थाना में केस दर्ज करावल गइल बा। ऊ आरोप लगावत कहलें कि HDFC बैंक के खाता से एगो सिग्नेटरी आशुतोष नंदन के मौत के बाद अवैध तरीका से रुपियन के निकासी हो रहल बा। खाता संख्या 5020000511955995 से नव लाख 90 हजार के तीन गो चेक RTGS के माध्यम से बोरिंग रोड इस्थित जय हनुमान कैटलर के भेजल गइल बा। जवन बड़ स्कैम बा। फर्जीवाड़ा के जानकारी संबंधित बैंक के दे दिहल गइल बा।
सिग्नेटरी के मौत के बाद घोटाला
आदित्य प्रकाश वर्मा कहलें कि खाता के दुगो सिग्नेटरी रहे लो। एगो सिग्नेटरी आशुतोष नंदन के मौत 24 जून 2024 के पटना के एगो निजी अस्पताल में हो गइल रहे। एकरा दु दिन के बाद 26 जून 2024 के मनीष कुमार के नाम से एक लाख के चेक पास कइल गइल। ठीक एकरा दु दिन के बाद 28 जून 2024 के जय हनुमान कैटलर के कुल 29 लाख 70 हजार रुपिया भेजल गइल।
जोनल हेड आ ब्रांच मैनेजर के संलिप्तता
आदित्य प्रकाश वर्मा के आरोप बा कि निकासी से संबंधित जानकारी ब्रांच मैनेजर के ओर से देवे के बात कहल गइल रहे। बाकिर अइसन ना भइल। बैंक के विसिल ब्लोअर के 22 जुलाई 2024 कर मेल के माध्यम से कंप्लेन कइल गइल, तs ओने से रिप्लाई 29 जुलाई के फ्रॉड विजिलेंस डिपार्टमेंट के कर्मचारी अमित अग्रवाल कइलें। ऊ कार्रवाई के भरोसा देलें। चार महीना बीत गइला के बादो कवनो कार्रवाई ना कइल गइल। अइसन में जोनल हेड आ बोरिंग रोड बैंक शाखा के ब्रांच मैनेजर के एमे संलिप्तता के शक बा।
ममिला के छानबीन कइल जा रहल बा
ओहिजा, कृष्णापुरी थाना के थानेदार पंकज कुमार बतवलें कि क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार के खाता से निकासी के बात सामने आइल बा। प्राथमिकी दर्ज कs लिहल गइल बा। ममिला के छानबीन कइल जा रहल बा।
साभार: दैनिक भास्कर
Comments are closed.