Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आईआईटी बीएचयू चार खेलन में मरलस बाजी, क्वार्टर फाइनल में पहुंचल टीम

486
Google Ads 300*250 for posts

अंतर आईआईटी खेलकूद प्रतियोगिता में बीएचयू आईआईटी के टीम चार खेलन में शानदार प्रदर्शन कs के अगिला राउंड में चहुँप गइल। आईआईटी बीएचयू के स्पोर्ट्स काउंसलर डॉ. सतीश कनौजिया बतवलें कि 14 से 22 दिसंबर ले आईआईटी रुड़की में आयोजित 55वीं अंतर आईआईटी खेलकूद प्रतियोगिता के तीसरे दिन चार खेलों के लीग मैच में जीत दर्ज क के अगिले चरण में पहुंचल।

आईआईटी बीएचयू हॉकी में आईआईटी हैदाराबाद के 3-0 से हरवलस। पहिला गोल आईआईटी बीएचयू के जे श्रीराम, दूसरा गोल राहुल अउर तीसरा गोल रघुबीर दगलें। क्रिकेट मैच में आईआईटी धनबाद के 39 रन से हरवलें। पहिले बल्लेबाजी करत आईआईटी बीएचयू के खिलाड़ी 18 ओवर में नौ विकेट के नुकसान पs 124 रन के लक्ष्य रखलें। मुकाबले में उतरल आईआईटी धनबाद के टीम 16.4 ओवर में 85 रन बना के ही ढेर हो गइल। वालीबॉल में आईआईटी बीएचयू के टीम आईआईटी पल्लकड़ के तीन सेट में 25-13, 25-11 और 25-9 के स्कोर से हरवलस। स्क्वैश में आईआईटी मंडी के हरा के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल।

413370cookie-checkआईआईटी बीएचयू चार खेलन में मरलस बाजी, क्वार्टर फाइनल में पहुंचल टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.