[the_ad_group id="30365"]

IGNOU Admission 2024: इग्नू शुरू कइलस 14 गो नया पाठ्यक्रम, श्रीमद्भगवतगीता में पीजी आ कृषि व्यापार में MBA समेत देखीं पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IGNOU Admission 2024: इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय (IGNOU)  14 गो नया पाठ्यक्रम शुरू कइले बा। एमें श्रीमद्भगवतगीता से सम्बन्धित भगवत गीता स्टडीज में MA के साथे-साथ कृषि व्यापार हेल्थकेयर आ हॉस्पीटल मैनेजमेंट लॉजिस्टिक्स आ सल्पाई चेन मैनेजमेंट में मास्टर ऑफ बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशन (MBA) भी शामिल बा। ई सब पाठ्यक्रम में दाखिला (IGNOU Admission 2024) 15 जुलाई 2024 तक लिहल जा सकऽता।

इग्नू के ओर से संचालित कइल जा रहल अलग – अलग यूजी, पीजी आ आउर कोर्सेस में दाखिला लेवे जा रहल छात्र-छात्रा खातिर काम के खबर बा। इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय (IGNOU) 14 गो नया पाठ्यक्रम शुरू कइले बा। विश्वविद्यालय के ओर साझा कइल गइल आधिकारिक जानकारी के मोताबिक श्रीमद्भगवतगीता से सम्बन्धित भगवत गीता स्टडीज में MA पाठ्यक्रम के शुरूआत कइल गइल बा। एही तरे कृषि व्यापार, हेल्थकेयर आ हॉस्पीटल मैनेजमेंट, लॉजिस्टिक्स आ सल्पाई चेन मैनेजमेंट में मास्टर ऑफ बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशनो (MBA) के शुरू कइल गइल बा।

IGNOU Admission 2024: ई बा नया कोर्सेस के लिस्ट

  • एमएससी इन होम साइंस कम्यूनिटी डेवेलपमेंट एंड एक्सटेंशन
  • मास्टर ऑफ साइंस (केमिस्ट्री) एमएससीसीएचईएम
  • मास्टर ऑफ साइंस (जियोग्राफी) एमएससीजीजी
  • मास्टर ऑफ साइंस (जियोइंफॉर्मेटिक्स) एमएससीजीआइ
  • मास्टर ऑफ साइंस (फिजिक्स) एमएससीपीएच
  • मास्टर ऑफ साइंस (जियोलॉजी) एमएससीजओओ
  • मास्टर ऑफ साइंस (बॉयोकेमिस्ट्री) एमएससीबीसीएच
  • मास्टर ऑफ आर्ट (भगवत गीता स्टडीज) एमएबीजीएस
  • मास्टर इन बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशन (एग्री बिजनेस मैनेजमेंट) एमबीएएबीएम
  • मास्टर इन बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशन (हेल्थ केयर एंड हॉस्पिटल मैनेजमेंट) एमबीएएचसीएचएम
  • मास्टर इन बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशन (लॉजिस्टिक्स एंड सप्लाई चेन मैनेजमेंट) एमबीएएलएस
  • मास्टर इन बिजनेस ऐडमिनिस्ट्रेशन (कॉन्स्ट्रक्शन मैनेजमेंट) एमबीएसीएम
  • पीजी डिप्लोमा इन रिहैबिलिटेशन साइक्लॉजी पीजीडीआरपी
  • पीजी डिप्लोमा इन डिजास्टर रिस्क रिडक्शन एंड मैनेजमेंट पीजीडीडीआरआरएम
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]