Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आईजी शिवदीप लांडे सारण DIG के लेलें अतिरिक्त प्रभार : बोललें-सारण, सीवान-गोपालगंज के क्राइम पs विशेष फोकस

67
Google Ads 300*250 for posts

छपरा डीआईजी कार्यालय में आईजी शिवदीप लांडे सारण डीआईजी ने प्रभार ग्रहण कइलें। मंगर के दुपहरिया बाद डीआईजी कार्यालय पहुंचला के बाद गॉड ऑफ ऑनर से स्वागत कइल गइल। एकरा बाद ऊ पदभार ग्रहण करत अपना पुलिस पदाधिकारियन से मुलाकात कइलें। एह दौरान लगभग दु घंटा तक शिवदीप लांडे डीआईजी कार्यालय में मवजूद रहलें।

सारण के तात्कालिक डीआईजी विकास बर्मन के ट्रांसफर के बाद मुजफ्फरपुर आईजी शिवदीप लांडे के सारण प्रक्षेत्र के डीआईजी पद के प्रभार दिहल गइल बा। पद पर नियुक्त कइल गइला के बाद शिवदीप लांडे पहिला बेर सारण पहुंचल रहस। उनका छपरा आगमन के लेके पुलिसिया बेवस्था चुस्त दुरुस्त दिखल। डीआईजी कार्यालय में स्वागत खातिर एसपी कुमार आशीष, एएसपी राकेश कुमार, एसडीपीओ राजकिशोर सिंह सहित दर्जनन कर संख्या में पुलिस पदाधिकारी मवजूद रहे लो।

पदभार ग्रहण कइला के बाद शिवदीप लांडे बतवलें कि डीआईजी विकास से अतिरिक्त प्रभार के रूप में पदभार ग्रहण कइनी। आज सारण के विजिट पs आइल रहनी। पहिले तीनो जिला छपरा सीवान गोपालगंज के विजिट करेम। ओकरा बाद इहां के क्राइम पैटर्न समझ में आ जाई।  मुजफ्फरपुर से सटल जिला होखे के चलते पैटर्न सेम होई, बाकिर एसपी से बात कs के ईहां के क्राइम सिनेरियो समझल जाई।

सारण से हमार पुराना संबंध रहल बा। एसटीएफ में रहला के दौरान कइयन बेर ऑपेरशन में आइल बानी। कइयन गो अपराधियन के हम सारण से चिह्नित कs के गिरफ्तार कइले बानी। इंटरस्टेट बॉर्डर होने के चलते शराबबंदी पs विशेष फ़ोकस होई। पहिले सारण, सिवान, गोपालगंज के विजिट करेम।

948440cookie-checkआईजी शिवदीप लांडे सारण DIG के लेलें अतिरिक्त प्रभार : बोललें-सारण, सीवान-गोपालगंज के क्राइम पs विशेष फोकस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.