आय से बेसी संपत्ति के ममिला में आईएफएस किशनचंद निम्मन-निम्मन लोग के पीछे छोड़ देले। ऊ एक दू गुना ना बलुक अपना आय से 375 गुना संपत्ति के मालिक बाड़े। ई खुलासा जांच में विजिलेंस कावर से भइल बा। किशनचंद के खिलाफ चार्जशीट तइयार कs लिहल गइल बा। न्यायालय में दाखिल करे से पहिले फाइल के अनुमति खातिर केंद्र सरकार के भेज दिहल गइल ना। जबकि, राज्य सरकार से अभियोग (मुकदमा) चलावे अनुमति मिल गइल बा।
आईएफएस किशनचंद के खिलाफ विजिलेंस साल 2019 में आय से अधिक संपत्ति राखे के ममिला में जांच सुरू कइले रहे। उनका के कव बेर बयान दर्ज करे ला बुलावल गइल रहे। अब विजिलेंस एह जांच के पूरा कs चुकल बिया। विजिलेंस लमसम 33 करोड़ रुपिया k संपत्ति के खुलासा कइले बिया। एमे से खली सात करोड़ रुपिया के संपत्ति किशनचंद के नाव पs बा। जबकि, बाकी अपना परिजन लो के नाव पs किनल गइल बा।