[the_ad_group id="30365"]

KUSHINAGAR: एस॰ डी॰ ओ॰ पs मीटर रीडर के लात मुक्का से धुनाई करे के लागल आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कप्तानगंज/कुशीनगर: कप्तानगंज थाना अंतर्गत इस्तिथ विधुत उप केंद्र कप्तानगंज के एस डी ओ अपने कर्मचारी मीटर रीडर के रीडिंग में त्रुटि पावल गइला पs कार्यालय में बन कs गाली देत लात मुक्का से जम के पिटाई कs देलस। जवना के तहरीर मीटर रीडर शुभम गोड़ थाना में देले बाड़े।

बियफे के कप्तानगंज विधुत उप केंद्र के मीटर रीडर शुभम गोड़ पुत्र महाराज गोड़ निवासी रामकोला टोला उरदहा थाना रामकोला कुशीनगर ग्राम सभा सोहनी में मीटर रीडिंग लेवे गइल रहे। ओह कर्मचारी के मोताबिक मोबाइल हैंग होखला के वजे से गलत रीडिंग हो गइल। जवना के लेके एस डी ओ संजय यादव आपन आपा खो बइठले आ उक्त मीटर रीडर के कार्यालय में बन कस के गाली देत लात मुक्का से जम के पिटाई कs देले। जवना के लिखित सूचना उक्त कर्मचारी थाना के देले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]