जलदी आपन वजन घटावल चाहत बानी तs बिस्तरवे पs करीं तीन गो योगासन, एक महीना में पेट के चर्बी होइ कम

Share

 

वजन घटावे के टिप्स: बहुत लोग के लागता कि योग ध्यान अवुरी मानसिक स्वास्थ्य खातीर निमन बा, जबकि इ एगो मिथक ह। अगर आप आपन वजन कम कईल चाहतानी त आप अपना दिनचर्या में योग के शामिल क के 1 महीना के भीतर पेट के चर्बी के पिघला सकतानी। एह लेख में हमनी के रउआ के अयीसन 3 योग आसन (वजन घटावे खाती योग मुद्रा) के बारे में बतावे जा रहल बानी, जवन कि आप आराम से बिस्तर पs क सकतानी।

 वजन घटावे खातिर 3 बइठल योग आसन

वज्रासन

वज्रासन एगो आसान बइठल योग मुद्रा ह। एकर नाँव संस्कृत शब्द वज्र से आइल बा जेकर मतलब होला वज्र भा हीरा। एह मुद्रा के करे खातिर रउरा घुटना टेक के फेर से गोड़ पs बइठ के घुटना से वजन हटावेनी। ए आसन के कईला से आपके वजन ना सिर्फ कम होई बालुक पेट अवुरी गोड़ भी मजबूत हो जाई।

बालासन

बिस्तर पs आसानी से बालासन कs सकेनी। इ आसन आपके पेट के भीतरी ओर खींचे में मदद करेला। अयीसन कईला से आपके मेटाबॉलिज्म मजबूत हो जाला। एकरा के चाइल्ड पोज के नाम से भी जानल जाला। इ आपके जांघ के टोन करे में काम करेला।

पश्चिमोत्तानासन

बिस्तर पs आराम से पश्चिमोत्तानासन भी कर सकेनी। वजन कम करे में भी इ आसन के अहम भूमिका होखेला। डायबिटीज के मरीज खातिर भी इ आसन बहुत बढ़िया मानल जाला। इ आसन डायबिटीज जईसन बेमारी से लड़े के ताकत देवेला। एह आसन से शरीर में इंसुलिन के उत्पादन बढ़ेला।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं । खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-