Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कब्ज से बानी परेशान तs रात में सुते से पहिले पिहीं त्रिफला छाछ,

627

 

छाछ के लगभग हर केहू पीयल पसंद करेला । कई लोग खाना के साथे एके जरू‌रे पी‌एला।  छाछ के पीएले से हाज़मा सही होला एलिहें ज़्यादातर लोग एके खाना के साथे पीएला। लेकिन का आपके पता बा कि अगर एs छाछ में एगो आयुर्वेदिक जड़ी बूटी त्रिफला के चूर्ण मिला दिहल जाव तs ईs कब्ज आ बदहजमी दुनों के एके साथे कंट्रोल करे के काम करेला । जानीं त्रिफला छाछ तइयार करे के तरीका आ एकर फायदा।

त्रिफला छाछ बनावे खातिर जरूरी सामान

छाछ,पीसल चीनी, पुदीना ,त्रिफला चूर्ण

बनावे के तरीका

त्रिफला छाछ के बनावे के खातिर सबसे पहिले रउरा भीजल त्रिफला चूर्ण के लेंईं यानी कि आपके त्रिफला चूर्ण के कुछ देर पहिले पानी में मिलाके रख देंईं। अब एs भीजल त्रिफला चूर्ण के एगो गिलास छाछ में मिलाईं। एकरे बाद एमें पिसल तनी सा पुदीना, काला नमक आ स्वादानुसार चीनी मिलाईं। एके अब फ्रिज में तनी देर खातिर रख देंईं।

जानी कब पीं?

त्रिफला छाछ के रोजाना सुते से पहिले पीं। रोज राती के समय त्रिफला छाछ पीए से पेट साफ हो जाईं। साथे राउर कब्ज आ बदहजमी के परेशानी से छुटकारा मिल जाईं।

एs समस्या में कारगर होला त्रिफला

छाछ  कोलेस्ट्रॉल के नियंत्रित करेला : त्रिफला छाछ कब्ज आ पाचन दुनों खातिर बेहतरीन होला। एकरे साथे एकर सेवन से कोलेस्ट्रॉल के स्तर के काफी कम करेला आ फैट के करे में मदद करेला।

कब्ज में देला आराम: त्रिफला छाछ कब्ज में राहत देले के काम करेला। जवन लोगन के कब्ज आ बदहमजी के परेशानी होला। लोग एके सुतले से पहिले जरूर पीं।

वजन करीं कंट्रोल: खाना ख‌इले के बाद त्रिफला छाछ पीले से फैट पs तेजी से असर दिखेला। ईs शरीर से विषाक्त पदार्थन के बाहर निकाले ला। एकरे साथे ही वजन के संतुलित रखले में मदद करेला।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.