सबेरे- सबेरे: एs सभ लछन के ना करी नज़रअंदाज़, Vitamin B12 के कमी से रउरा हो सकेनी परेसान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2024

  विटामिन B12 बॉडी के नर्व्स के प्रोटीन सप्लाई करे में मदद करेला। इs विटामिन बॉडी के खातिर बहुत ही जरूरी बा काहे की जदी बॉडी में एकर कमी हो गइल तो कई बेर एकर

Share

 

विटामिन B12 बॉडी के नर्व्स के प्रोटीन सप्लाई करे में मदद करेला। इs विटामिन बॉडी के खातिर बहुत ही जरूरी बा काहे की जदी बॉडी में एकर कमी हो गइल तो कई बेर एकर वजह से व्यक्ति के मउत भी हो सकेला।

हमनी के शरीर में कवनो तरह के कमी के साइड इफेक्ट्स साफ दिखाई देवे लागेला। एहितरे कुछ होला जब राउर शरीर में विटामिन B 12 के कमी हो जाए। विटामिन B12 कोई मामूली ना जबकि इ बॉडी के फैट के एनर्जी में बदल देवेला। इ विटामिन के मदद से डीएनए आ रेड ब्लड सेल्स बनावे ला। इ बॉडी के नर्व्स के प्रोटीन सप्लाई करे ला। इ विटामिन बॉडी खातिर बहुत जरूरी बा काहे की जदी बॉडी में एकर कमी हो गइल तs कय बार एकरा वजह से आदमी के मौत भी हो जाला।

*विटामिन B12 के लछन

*बहुत जादा थकान भा कमजोरी

*मतली, उल्टी आ दस्त के बुझाला

*हाथ- गोड सुन होखल

*जोड़न में दरद

*वजन में कमी

*चाम पियरछउ हाे जाला

नर्वस सिस्टम कमजोर हो जाला- बॉडी में नर्वस सिस्टम बहुते सेंसिटिव पार्ट होला एकरा ला विटामिन B 12 के काफी जरूरी मानल जाला। एकरा कमी के वजह से ब्रेन के बहुते नुकसान होला। इs आगे जाके राउर मउत के कारन बन सकत बा। विटामिन B 12 के कमी के पता सालों साल ले ना चल पाए ला। जब ले पता चलेला तबले ढेर देरी हो जाला।

रहेला थकान– विटामिन B12 के कमी के वजह से हर समय थकान आ कमजोरी के अहसास होत रहेला। जदी रउवो काज करत बेरी फ्रेश फील नइखी करतs आ बॉडी में थकान होता तs रउवा तुरंत डॉक्टर से संपर्क करे के चाही ।

खून के कमी होला- विटामिन B12 के कमी के वजह से राउर बॉडी में खून के कमी होखॆ लागेला आ आगे जाके इ एनीमिया में बदल सकत बा। एह ले एकर समय रहते इलाज करवावल बहुते जरूरी बा।

हार्ट बीट तेज रहेला- विटामिन B12 के कमी के वजह से राउर हार्ट बीट चलत बेरी भा काम करते बेरी बहुत तेज हो सकत बा। तs अइसन में एकरा के एकदमें इग्नोर ना करी। काहे की बॉडी पs एकर लछन सही ना होला।

सांस फूलल– जब हमनी कवनो काम करेनी सs तs सांस फूलल आम बात बा बाकी कुछो काम करला पs रउवा के ज्यादा थकान चाहे सांस लेवे में तकलीफ होत बा तs समझ जाइ राउर शरीर में B12 के कमी बा आ समय रहते एकर इलाज करवा ली।

तेजी से वजन घटे लागेला- जदी अचानक से राउर वजन कम हो रहल बा तs एकरा के बिल्कुल मजाक में ना ली काहे की आगे जाके इs रउवा के बड़ मुसीबत में डाल सकत बा।

जोड़न में दरद: अधिकांश रउवा के जोड़न में दरद रहत बा, चले में भी प्रॉब्लम होत बा तs रउवा के जल्दी से जल्दी डॉक्टर से सलाह लेवे के चाही।

(इ आर्टिकल सामान्य जानकारी खातीर बा, कवनो उपाय के अपनावे से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य ली)

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.