Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ICF Chennai Apprentice: अलगा – अलगा ट्रेडन में अपरेंटिस के पदन पऽ पंजीकरण के आज अंतिम तिथि, जल्दी करीं पंजीकरण

117
Google Ads 300*250 for posts

ICF Chennai Apprentice Recruitment 2024: इंटीग्रल कोच फैक्ट्री (ICF) आज चेन्नई में अलगा – अलगा ट्रेडन में अपरेंटिस के 1000 के बेसी पदन पs भर्ती खातिर आवेदन विंडो बंद कऽ दी। इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार जे एह पदन खातिर अबहीं ले आवेदन नइखन कइले, उऽ तुरंत नीचे बतावल गइल तरीका से आवेदन कऽ सकत बाड़े। इच्छुक आ योग्य उम्मीदवार एह रिक्तियन खातिर आधिकारिक वेबसाइट- pb.icf.gov.in. पs जाके तुरंत आवेदन कऽ देस।

आईसीएफ एह भर्ती अभियान खातिर कुल 1010 प्रशिक्षु सीट निकलले बा। आईसीएफ चेन्नई के प्रशिक्षु सीट नया आ पूर्व-आईटीआई उम्मीदवारन के बीच विभाजित बा। एह भर्ती अभियान के माध्यम से पूर्व-आईटीआई के 330 पद आ फ्रेशर्स के 680 पदन के भरल जाई।

आयु सीमा

एह पदन खातिर आवेदन कर रहल आईटीआई आवेदकन के 15 वर्ष से 24 वर्ष के आयु सीमा के अंतर्गत आवे के चाहीं। उहे गैर-आईटीआई आवेदकन के 15 वर्ष से 22 वर्ष के आयु सीमा के अंतर्गत आवे के चाहीं। आरक्षित श्रेणी के एससी/एसटी उम्मीदवारन खातिर 5 वर्ष, ओबीसी उम्मीदवारन के खातिर 03 बरिस आ पीडब्ल्यूडी खातिर 10 बरिस के छूट दिहल गइल बा।

शैक्षणिक योग्यता

पूर्व-आईटीआई खातिर

  • फिटर, इलेक्ट्रीशियन आ मशीनिस्ट खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के न्यूनतम 50% अंक के साथे दसवीं कक्षा आ 10+2 में विज्ञान आ गणित उत्तीर्ण होखे के चाहीं। उनका लगे राष्ट्रीय भा राज्य परिषद से संबंधित व्यापार में राष्ट्रीय व्यापार प्रमाणपतरो होखे के चाहीं।
  • कारपेंटर, पेंटर आ वेल्डर खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के लगे राष्ट्रीय या राज्य व्यावसायिक प्रशिक्षण परिषद द्वारा जारी एनटीसी प्रमाणपत्र होखे के चाहीं।
  • PASSA ट्रेड खातिर आवेदन करे वालन उम्मीदवारन के दसवीं कक्षा उत्तीर्ण होखे के चाहीं आ कंप्यूटर ऑपरेटर आ प्रोग्रामिंग सहायता ट्रेड में एनटीसी प्रमाणपत्र होखे के चाहीं।

फ्रेशर्स के खातिर

  • फिटर, इलेक्ट्रीशियन आ मशीनिस्ट खातिर आवेदन करे वाला फ्रेशर्स के न्यूनतम 50% अंकन के साथे दसवीं कक्षा के परीक्षा आ 10 + 2 प्रणाली में विज्ञान आ गणित उत्तीर्ण होखे के चाहीं।
  • कारपेंटर, पेंटर आ वेल्डर खातिर आवेदन करे वाला फ्रेशर्स उम्मीदवारन के 50% अंकन के साथे दसवीं कक्षा उत्तीर्ण होखे के चाहीं।
  • एमएलटी रेडियोलॉजी आ पैथोलॉजी खातिर आवेदन करे वाला नया छात्रन के पीसीबी के साथे बारहवीं कक्षा के परीक्षा उत्तीर्ण होखे के चाहीं।

कइसे करीं आवेदन?

आईसीएफ चेन्नई अपरेंटिस खातिर आवेदन करे के इच्छुक उम्मीदवार नीचा दिहल गइल चरण के पालन कऽ सकतऽ बाड़े:

  • सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट- pb.icf.gov.in. पर जाव।
  • ओकरा बाद वेबसाइट पs बतावल गइल अप्लाई फॉर एक्ट अपरेंटिस 2024-25 पs क्लिक करो।
  • अब, ऑनलाइन आवेदन भर के विकल्प पs क्लिक करो आ अपना योग्यता के अनुसार पूर्व-आईटीआई भा फ्रेशर विकल्प में से चुनो।
  • एकरा बाद, पोर्टल पs खुद के पंजीकृत करो।
  • अब मांगल गइल सभी आवश्यक प्रासंगिक दस्तावेज अपलोड करो।
  • एकरा बाद आवेदन शुल्क के भुगतान करो।
  • अंत में आवेदन पत्र के एगो कॉपी अपना पाले राख लेवे।
868620cookie-checkICF Chennai Apprentice: अलगा – अलगा ट्रेडन में अपरेंटिस के पदन पऽ पंजीकरण के आज अंतिम तिथि, जल्दी करीं पंजीकरण

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.