महिला टी20 वर्ल्ड कप के आगाज आज से, देखीं पूरा शेड्यूल आ लाइव प्रसारण के डिटेल्स

Share

Womens T20 World Cup 2023: दक्षिण अफ्रीका में आज 10 फरवरी से महिला टी20 वर्ल्ड कप 2023 के आगाज हाेखे जा रहल बा। पहिला मुकाबला केपटाउन में मेजबान दक्षिण अफ्रीका आ श्रीलंका के बीच भारतीय समयानुसार रात 10.30 बजे से खेलल जाई। ओहिजा, भारत के बात करीं तs ओकर पहिला मैच 12 फरवरी के पाकिस्तान से सांझ 6.30 बजे से केप टाउन में होई। भारत आ पाकिस्तान के बीच होखे वाला एह मुकाबला के क्रिकेट प्रशंसकन के बेसब्री से इंतजार बा। बता दीं कि पाकिस्तान के खिलाफ अभी तक टीम इंडिया के पलड़ा भारी रहल बा। दुनो देसन के बीच अब तक के 13 टी-20 मैच में से 10 भारत तs तीन पाकिस्तान जीतल बा।

महिला टी20 वर्ल्ड कप 2023 के तहत 17 दिन में कुल 23 मैच खेल जाएम। 26 फरवरी के फाइनल मुकाबला खेलल जाई। आईसीसी पांच-पांच टीमन के दु ग्रुप बनावल गइल बा। माने कुल 10 टीम एह टूर्नामेंट में हिस्सा ले रहल बाड़ी सs। ग्रुप स्टेज में हर टीम अपना ग्रुप आउर चार टीमन के खिलाफ एक-एक मैच खेली।

दुनो ग्रुप्स में टॉप रहे वाला दु-दु टीम सेमीफाइनल में प्रवेश करी। ग्रुप ए में मेजबान दक्षिण अफ्रीका के संगे ऑस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, न्यूजीलैंड आ श्रीलंका बा। ओहिजा, ग्रुप बी में भारत के अलावे पाकिस्तान, इंग्लैंड, आयरलैंड आ वेस्टइंडीज बा।

महिला टी20 वर्ल्ड कप के पूरा शेड्यूल (भारतीय समयानुसार)

10 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका वर्सेज श्रीलंका (केप टाउन में रात 10.30 बजे से)
11 फरवरी – इंग्लैंड वर्सेज वेस्टइंडीज (पार्ल में सांझ 6.30 बजे से)
11 फरवरी – ऑस्ट्रेलिया वर्सेज न्यूजीलैंड (पार्ल में रात 10.30 बजे से)
12 फरवरी – भारत वर्सेज पाकिस्तान (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)

12 फरवरी – बांग्लादेश वर्सेज श्रीलंका (केप टाउन में रात 10.30 बजे से)
13 फरवरी – आयरलैंड वर्सेज इंग्लैंड (पार्ल में सांझ 6.30 बजे से)
13 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका वर्सेज न्यूजीलैंड (पार्ल में रात 10.30 बजे से)

14 फरवरी – ऑस्ट्रेलिया वर्सेज बांग्लादेश (गेकेबेरा में रात 10.30 बजे से)
15 फरवरी – भारत वर्सेज वेस्टइंडीज (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)
15 फरवरी – आयरलैंड वर्सेज पाकिस्तान (केप टाउन में रात 10.30 बजे से)
16 फरवरी – ऑस्ट्रेलिया वर्सेज श्रीलंका (गेकेबेरा में सांझ 6.30 बजे से)

17 फरवरी – बांग्लादेश वर्सेज न्यूजीलैंड (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)
17 फरवरी – आयरलैंड वर्सेज वेस्टइंडीज (केप टाउन में रात 10.30 बजे से)
18 फरवरी – भारत वर्सेज इंग्लैंड (गेकेबेरा में सांझ 6.30 बजे से)
18 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका वर्सेज ऑस्ट्रेलिया (गेकेबेरा में रात 10.30 बजे से)

19 फरवरी – पाकिस्तान वर्सेज वेस्टइंडीज (पार्ल में सांझ 6.30 बजे से)
19 फरवरी – न्यूजीलैंड वर्सेज श्रीलंका (पार्ल में रात 10.30 बजे से)
20 फरवरी – भारत वर्सेज आयरलैंड (गेकेबेरा में सांझ 6.30 बजे से)
21 फरवरी – इंग्लैंड वर्सेज पाकिस्तान (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)
21 फरवरी – दक्षिण अफ्रीका वर्सेज बांग्लादेश (केप टाउन में रात 10.30 बजे से)
23 फरवरी – पहला सेमीफाइनल (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)

24 फरवरी – दूसरा सेमीफाइनल (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)
26 फरवरी – फाइनल (केप टाउन में सांझ 6.30 बजे से)

इहां देखल जा सकत बा लाइव प्रसारण

महिला टी20 वर्ल्ड कप 2023 के लाइव प्रसारण स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के अलग-अलग चैनल्स पs देखल जा सकत बा। एकरा अलावे मोबाइल आदि पs सब मैचन के लाइव स्ट्रीमिंग डिजनी हॉटस्टार ऐप पs देख सकत बानी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-