Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs AUS Test: दूसर दिन रोहित के बाद जडेजा-अक्षर बल्ला से कइलें कमाल, ऑस्ट्रेलिया खातिर मर्फी के पंजा

च के दूसरा दिन रोहित शर्मा के शतक के बाद टॉड मर्फी पांच विकेट लेके ऑस्ट्रेलिया के मैच में वापस ले आवे के कोसिस कइलें, बाकिर रवींद्र जडेजा आ अक्षर पटेल के अर्धशतक के चलते मैच में भारत के पकड़ मजबूत बा।

948

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच नागपुर टेस्ट के दूसरका दिन टीम इंडिया के दबदबा बनल रहल। दूसरका दिन के खेल खत्म होखला तक भारत के स्कोर 321/7 बा। भारत के पास 144 रन के बढ़त बा आ ओकर तीन विकेट बचल बा। एकरा अलावे दो सेट बल्लेबाज क्रीज पs बा। रवींद्र जडेजा 66 आ अक्षर पटेल 52 रन बनाके खेल रहल बाड़ें। मैच में तीन दिन के खेल बाकी बा। अइसे में टीम इंडिया तीसरको दिन जादे से जादे रन बनाके मैच में आपन पकड़ आ मजबूत कइल चाहीं।

मैच में दूसरका दिन का भइल?

77/1 से आगे खेलत भारत अच्छा सुरुआत कइल। रोहित आ अश्विन दूसरका विकेट खातिर 42 रन जोड़ल लो। एकरा बाद अश्विन 23 रन बनाके मर्फी के दूसरका शिकार बनलें। तीसरका नंबर पs आइल पुजारा खराब शॉट पs मर्फी के विकेट देलें। ऊ खाली सात रन बना पवलें। लंच के बाद पहिला गेना पs कोहली लेग स्टंप के बाहर के गेना पs मर्फी के विकेट दे गइलें। ऊ 12 रन बनवलें आ खराब किस्मत के चलते आउट भइलें। टेस्ट मैच के पहिला पारी में सूर्यकुमार आठ रन बना पवलें आ लियोन के गेना पs क्लीन बोल्ड हो गइलें। एकरा बाद कप्तान रोहित जडेजा के संगे मिलके भारतीय पारी के संभरलें।

रोहित आ जडेजा के बीच 61 रन के साझेदारी भइल। एह दौरान रोहित अपना शतक पूरा कइलें। नया गेना अइला के बाद पैट कमिंस उनका के 120 रन के स्कोर पs बोल्ड कs देलें। एकरा बाद आइल श्रीकर भरत आठ रन बनाके मर्फी के पांचवां शिकार बनलें। एक समय अइसन लागत रहे कि भारत के पारी दूसरके दिन खत्म हो जाई, बाकिर जडेजा आ अक्षर अइसन ना होखे दिहल लो। ई दुनो अब तक 81 रन के साझेदारी कइले बा लो। जडेजा 66 आ अक्षर 52 रन बनाके नाबाद बाड़ें। दुनो मैच के तीसरका दिन भारत के बढ़त के 200 रन के पार ले जाये के कोसिस करी। एकरा अलावे दुनो के कोसिस शतकीय पारी खेले के होई।

मैच में पहिला दिने का भइल रहे?

ऑस्ट्रेलिया टॉस जीतके पहिके बल्लेबाजी करे के फैसला कइलस, बाकिर भारत खातिर मोहम्मद सिराज आ शमी सानदार सुरुआत कइलें। दु रन के स्कोर पs कंगारू टीम के दुनो सलामी बल्लेबाज पवेलियन लवट गइल रहे लो। एकरा बाद स्मिथ आ लाबुशेन सानदार साझेदारी कs के टीम के संभारल आ लंच तक कवनो विकेट ना गिरे दिहल लो। पहिला सत्र में भारत के दु विकेट मिलेल आ ऑस्ट्रेलिया 76 रन बनवलें।

पांच विकेट लेला के बाद रवींद्र जडेजा – फोटो : सोशल मीडिया

दूसरका सत्र में जडेजा मार्नस लाबुशेन के 49 रन के स्कोर पs आउट कs के 82 रन के साझेदारी तुड़लें। फेर मैट रेनशॉ के अगिलके गेना में आउट कs देलें। कुछ समय बाद स्टीव स्मिथ 37 रन बनाके जडेजा के शिकार बन गइलें। 109 रन पs पांच विकेट गंववला के बाद ऑस्ट्रेलिया के टीम बैकफुट पs आ गइल। हालांकि, पीटर हैंड्सकॉम्ब आ एलेक्स कैरी 53 रन के साझेदारी कs के ऑस्ट्रेलिया के मैच में वापस ले आवे के कोसिस कइल लो, बाकिर अश्विन कैरी के अपना टेस्ट करियर के 450वां शिकार बनवलें। एकरा बाद ऊ पैट कमिंस के खाता तक ना खोले देलें।सीडीएक्स चायकाल से पहले जडेजा ने टॉड मर्फी को आउट कर ऑस्ट्रेलिया का स्कोर 174/8 कर दिया।

तीसका सत्र में जडेजा पीटर हैंड्सकॉम्ब के 31 रन के स्कोर पs आउट कइलें आ टेस्ट क्रिकेट में 11वां बेर पारी में पांच विकेट हासिल कइलें। एकरा बाद अश्विन स्कॉट बोलैंड के आउट कs के ऑस्ट्रेलिया के पारी 177 रन पs खत्म कs देलें। एकरा बाद कप्तान रोहित शर्मा आ लोकेश राहुल के सलामी जोड़ी भारत के सानदार सुरुआत दिलवलें। ई दुनु पहिला विकेट खातिर 76 रन जोड़लें। पहिला दिन के खेल खत्म होखला से पहिले  राहुल 20 रन बनाके टॉड मर्फी के गेना पs आउट भइलें।

457890cookie-checkIND vs AUS Test: दूसर दिन रोहित के बाद जडेजा-अक्षर बल्ला से कइलें कमाल, ऑस्ट्रेलिया खातिर मर्फी के पंजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.