भारत के मिलल अगिला वुमेंस क्रिकेट वर्ल्ड कप के मेजबानी, ICC 2027 तक कइलस वुमेंस ग्लोबल इवेंट्स के ऐलान

Share

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) एह बात के ऐलान कs देले बा कि 2024 से लेके 2027 तक के आईसीसी वुमेंस व्हाइट बॉल ग्लोबल इवेंट्स के आयोजन कहां होई। आईसीसी बोर्ड मंगर के देर साँझ एह बात के पुष्टि कइलस कि बांग्लादेश, भारत, इंग्लैंड आ श्रीलंका में अगिला चार आईसीसी वुमेंस ग्लोबल इवेंट्स आयोजित होई। भारत के आईसीसी वुमेंस क्रिकेट वर्ल्ड कप 2025 के  मेजबानी मिलल बा।

ICC महिला T20 विश्व कप 2024 के मेजबानी दूसरा बेर बांग्लादेश द्वारा कइल जाई। एकरा अलावे 2026 के आईसीसी वुमेंस T20 वर्ल्ड कप के आयोजन 2009 के बाद पहिला बेर इंग्लैंड में कइल जाई। 2025 में अगिला ICC महिला क्रिकेट विश्व कप भारत में आयोजित कइल जाई। आईसीसी महिला टी20 चैंपियंस ट्रॉफी 2027 के मेजबानी श्रीलंका के एह शर्त पs मिलल बा कि ऊ एह आयोजन खातिर क्वालीफाई करें।

आईसीसी वुमेंस ग्लोबल इवेंट्स के मेजबानन के चयन क्लेयर कॉनर, सौरव गांगुली आ रिकी स्केरिट के संगे मार्टिन स्नेडेन के अध्यक्षता में एगो बोर्ड उप-समिति के देखरेख में एगो प्रतिस्पर्धी बोली प्रक्रिया के माध्यम से कइल गइल रहे। आईसीसी बोर्ड समिति के सिफारिशन  स्वीकार कs लेले बा, जवन आईसीसी प्रबंधन के संगे हर बोली के गहन समीक्षा कइलस। एकरा के लेके आईसीसी बयानो देले बा।

आईसीसी चेयरमैन ग्रेग बार्कले कहले, “हमनी के बांग्लादेश, भारत, इंग्लैंड आ श्रीलंका के आईसीसी वुमेंस के व्हाइट बॉल स्पर्धन के मेजबानी से सम्मानित करत खुशी हो रहल बा। महिला लोगन के खेल के विकास में तेजी ले आवल आईसीसी के रणनीतिक प्राथमिकता में से एगो बा आ एह आयोजनन के हमनी के खेल के कुछ सबसे बड़ बाजारन में ले जाइल हमनी के अइसन करे के एगो शानदार मौका देत बा आ क्रिकेट के एक अरब से बेसी प्रशंसकन के संगे आपन संबंधन के गहिराह करत बा”

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-