U19 Women’s T20 World Cup: आज से हो रहल बा टूर्नामेंट के आगाज, जानीं कब आ कइसे लाइव देख सकेनी मैच

U19 Women's T20 World Cup

Share

आईसीसी अंडर-19 महिला टी-20 विश्व कप 2025 आजु (शनिचर, 18 जनवरी) से शुरू हो रहल बा, जवना में 16 गो टीम भाग ले रहल बाड़ी सs। भारत के मेजबान मलेशिया, श्रीलंका आ वेस्टइंडीज के साथे ग्रुप एs में राखल गइल बा. निक्की प्रसाद के नेतृत्व में भारत अतवार 19 जनवरी के कुआलालंपुर के बयूमास ओवल में वेस्टइंडीज के खिलाफ आपन अभियान शुरू करी. भारत 2023 में इंग्लैंड के हरा के चैंपियन बनल आ डिफेंडिंग चैंपियन के रूप में एह टूर्नामेंट में भाग ले रहल बा। 

ग्रुप बी में इंग्लैंड, आयरलैंड, पाकिस्तान आ अमेरिका शामिल बा. ग्रुप सी में न्यूजीलैंड, नाइजीरिया, समोआ आ दक्षिण अफ्रीका शामिल बा. ग्रुप डी में आस्ट्रेलिया, बांग्लादेश, नेपाल आ स्कॉटलैंड शामिल बा. ग्रुप स्टेज के मैच 23 जनवरी ले खेलल जाई जवना के बाद सुपर सिक्स के मैच 25 जनवरी से शुरू होखी. एकरा बाद 31 जनवरी के सेमीफाइनल मैच खेलल जाई आ ओकरा बाद फाइनल 2 फरवरी के कुआलालंपुर के ब्यूमास ओवल में खेलल जाई. बता दी कि हमनी के कब, कहाँ आ कइसे U19 महिला टी20 विश्व कप 2025 के मैच देख सकेनी जा….

अंडर-19 महिला टी-20 विश्व कप 2025 के मैच कब होई?

अंडर-19 महिला टी-20 विश्व कप 2025 के मैच भारतीय समय के अनुसार सबेरे 8:00 बजे आ दुपहरिया 12:00 बजे से शुरू होखी।

यू19 महिला टी-20 विश्व कप 2025 के मैच रउआ कहाँ देख सकीले?

जियोस्टार U19 महिला T20 वर्ल्ड कप 2025 के सभ मैच के डिजिटल प्लेटफॉर्म पs लाइव स्ट्रीम करी। एह मैचन के सीधा प्रसारण स्टार स्पोर्ट्स 2 पs भी कइल जाई।  प्रशंसक स्टार स्पोर्ट्स 2 पs सेमीफाइनल आ फाइनल मैच भी देख सकेलें। 

ग्रुप ए
भारत: निकी प्रसाद (कप्तान), सानिका चालके, जी त्रिशा, कमलिनी जी, भाविका अहिरे, ईश्वरी अवसरे, मिथिला विनोद, जोशीता वीजे, सोनम यादव, पारुनिका सिसौदिया, केसरी द्रिथि, आयुषी शुक्ला, आनंदिता किशोर, एमडी शबनम, वैष्णवी एस

मलेशिया: नूर दानिया सियुहादा (कप्तान), नूर इज्जतुल सयाफिका, इरदीना बेह, नूर आलिया, सुआबिका मनिवन्नन, नूर इस्मा दानिया, सती नाजवाह, नूरिमन हिदायत, फातिन फकीहा अदानी, मार्सिया क़िस्टिना, नज़ातुल हिदायत हुस्ना, नेसरले येन, नूर आलिया बत्रिसिया, नूर ऐन, नुनी फारिनी

श्रीलंका: मनुदी नानायक्कारा (कप्तान), रश्मिका सेवंडी, सुमुदु निसानसाला, लिमांसा थिलाकरत्ने, विमोक्ष बालासूर्या, हिरुनी कुमारी, रश्मी नेथ्रांजलि, प्रमुदी मेथसारा, संजना कविंदी, दानुली थेनाकून, दहामी सनेथमा, शेहारा इंदुवारी, असेनी थलागुने, शशिनी गिम्हानी, चामुदी प्रबोदा

वेस्टइंडीज: समारा रामनाथ (कप्तान), असाबी कॉलेंडर, अबीगैल ब्राइस, केनिका कैसर, जहजारा क्लैक्सटन, डेनेला क्रीज, नैजानी कंबरबैच, एरिन डीन, अमिया गिल्बर्ट, त्रिशा हरदात, ब्रायना हैरीचरण, अमृता रामटहल, सेलेना रॉस, क्रिस्टन सदरलैंड, आलिया वीक्स

इहो पढ़ीं: पुण्यतिथी विशेष: बॉलीवुड में पहिला हाली भोजपुरी गीत आ जोगिरा के प्रयोग करे वाला पहिला गीतकार ‘मोती बी.ए’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-