Champions Trophy 2025 खातीर भारतीय स्क्वॉड के ऐलान, जानीं के बनल उपकप्तान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 18, 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के आयोजन अगिला महीना यानी 19 फरवरी से होखे वाला बा।  ई टूर्नामेंट 19 फरवरी से 9 मार्च ले हाइब्रिड मॉडल पs खेलल जाई जवना खातिर भारतीय टीम के एलान हो गइल

Share

Champions Trophy 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के आयोजन अगिला महीना यानी 19 फरवरी से होखे वाला बा।  ई टूर्नामेंट 19 फरवरी से 9 मार्च ले हाइब्रिड मॉडल पs खेलल जाई जवना खातिर भारतीय टीम के एलान हो गइल बा. भारतीय क्रिकेट टीम चैंपियंस ट्रॉफी में आपन अभियान 20 फरवरी से शुरू करी. टीम इंडिया के बांग्लादेश, पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड के साथे ग्रुप एs में राखल गइल बा.  टीम इंडिया के पहिला मैच दुबई में बांग्लादेश के खिलाफ होखी. एकरा बाद टीम इंडिया के मुकाबला 23 फरवरी के डिफेंडिंग चैंपियन पाकिस्तान से होई।  ई महान मैच दुबई में भी खेलल जाई। भारतीय टीम ग्रुप स्टेज के तिसरका आ आखिरी मैच दू मार्च के दुबई में न्यूजीलैंड का खिलाफ खेली.

टीम के कमान रोहित के हाथ में

चैंपियंस ट्रॉफी खातिर रोहित शर्मा के टीम इंडिया के कप्तान बनावल गइल बा. भारत के 15 सदस्यीय टीम में जसप्रीत बुमराह आ मोहम्मद शमी के भी शामिल कइल गइल बा।  आस्ट्रेलिया दौरा के दौरान बुमराह घायल हो गइल रहले आ पिछला टेस्ट के दुसरका पारी में गेंदबाजी ना कs पवले जवना के बाद अटकलबाजी शुरू हो गइल कि ऊ चैंपियंस ट्रॉफी के ग्रुप स्टेज से बाहर हो सकेलें बाकिर अब टीम के एलान के बाद साफ हो गइल कि ऊ एह टूर्नामेंट में टीम के हिस्सा होखीहें. हालांकि बुमराह के फिटनेस पs अबो सवाल उठत बा, मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर के कहनाम बा कि जसप्रीत बुमराह के फिटनेस के इंतजार करतारे अवुरी उनुका हालत के बारे में फरवरी के शुरुआत में बीसीसीआई के मेडिकल टीम से पता चलता।

8 में से 7 टीम के घोषणा भईल

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 में कुल 8 गो टीम भाग लीहें। भारत से पहिले 6 देश आपन टीम के घोषणा कईले बाड़े अवरू अब टीम इंडिया आपन टीम के घोषणा करे वाली 7वां टीम बन गईल बा। अब एह टूर्नामेंट खातिर एकमात्र टीम बाकी बा मेजबान पाकिस्तान जवन अबहीं ले अपना 15 गो खिलाड़ियन के एलान नइखे कइले. उम्मीद बा कि पाकिस्तान जल्दिए टीम के एलान करी। 

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातीर भारतीय टीम एs प्रकार बा
रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल (उपकप्तान), विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल, हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, वॉशिंगटन सुंदर, कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, यशस्वी जायसवाल, ऋषभ पंत और रवींद्र जडेजा।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.