ICC रैंकिंग: टीम इंडिया के बादशाहत कायम, टी20 विश्व कप जितले के बावजूद भारत के पीछे नाइ कs पवलस इंग्लैंड

Share

आईसीसी के ताजा टी20 रैंकिंग में भारतीय टीम शीर्ष पर बनल बा। भारत के लगे 268 रेटिंग प्वाइंट बा अउर ऊ दूसरे स्थान पर मौजूद इंग्लैंड से तीन अंक आगे बा। जेकरे लगे 265 रेटिंग प्वाइंट बा। इंग्लैंड के टीम टी20 विश्व कप अपने नाम कइले बा। उहवें, फाइनल में इंग्लैंड से हारे वाला पाकिस्तान तीसरे स्थान पर बा। पाकिस्तान के लगे 258 रेटिंग प्वाइंट बा। भारतीय टीम सुक्क से न्यूजीलैंड के खिलाफ तीन मैच के टी20 सीरीज खेली। इहां जीत हासिल कs के भारत के लगे पहिले पायदान पर आपन स्थिति मजबूत करे के मौका होई।
टी20 विश्व कप के शुरुआत से पहिले भारतीय टीम इंग्लैंड से पांच अंक आगे रहल। भारत के लग्गे 268 रेटिंग प्वाइंट रहल। उहवें, इंग्लैंड के लग्गे 263 प्वाइंट रहल। एकरे बाद रोहित शर्मा के टीम ग्रुप स्टेज में अपने पांच मैच में से चार में जीत हासिल कइलस, जबकि इंग्लैंड केवल तीन मैच ही जीत पवलस। सेमीफाइनल मुकाबिला से पहिले दूनों टीम के बीच छह अंक के अंतर हो गइल।

फाइनल में पहुंचले के बावजूद पाकिस्तान के एक अंक के भइल नुकसान

सेमीफाइनल में, जोस बटलर के टीम एकतरफा मुकाबिला में भारत के 10 विकेट से हरा दिहलस अउर एकरे बाद एमसीजी में पाकिस्तान पर रोमांचक जीत हासिल कs के टी20 विश्व कप अपने नाम कइलस। अब भारत 268 अंक के संगे शीर्ष पर बा जबकि इंग्लैंड के लग्गे 265 अंक बा। पाकिस्तान 258 अंक के साथ तीसरे स्थान पर बा। दक्षिण अफ्रीका (256) चौथे, न्यूजीलैंड (253) पांचवें अउर ऑस्ट्रेलिया (252) छठवे स्थान पर बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-