Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Virat Kohli आ सूर्यकुमार ICC टी20 वर्ल्ड कप 2022 के मोस्ट वैल्यूबल टीम में सामिल, एह खिलाड़ियन के संगे मिलल जगह

आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप 2022 के मोस्ट वैल्यूबल टीम के घोषणा क देले बा। एह टीम में दु गो भारतीय खिलाड़ी विराट कोहली आ सूर्यकुमार यादव के सामिल कइल गइल बा। 

893

T20 World Cup 2022: इंटरनेशन क्रिकेट परिषद (आईसीसी) सोमार के हाले में समाप्त भइल टी 20 वर्ल्ड कप 2022 के मोस्ट वैल्यूबल टीम के घोषणा क देले बा। एह टीम में दु गो भारतीय खिलाड़ी विराट कोहली आ सूर्यकुमार यादव के सामिल कइल गइल बा। ICC के एह टीम में छव अलग-अलग देशन के खिलाड़ियन के जगे दिहल गइल बा।

इंग्लैंड के कप्तान जॉस बटलर आ सलामी बल्लेबाज एलेक्स हेल्स के नंबर 1 या 2 पर रखल गइल बा। सेमीफाइनल में दुनो खेलाड़ी मिलके भारत के खिलाफ 10 विकेट से अपना टीम के जीत दिलवले रहे लो। एकरा बाद विराट कोहली के नंबर 3 के जगह दिहल गइल बा। कोहली टीम इंडियो में तीसरे नंबर प खेले लें।

विराट कोहली एह वर्ल्ड कप के सर्वाधिक रन बनावे वाला बल्लेबाज रहल बाड़े। ऊ 6 पारियन में 98.67 के औसत से 296 रन बनवले बाड़े। नंबर चार प सूर्यकुमार यादव को रखल गइल बा। एह टूर्नामेंट में सूर्यकुमार के बल्ला जमके बोलल रहे। एकरा बाद नंबर पांच प एह टी20 वर्ल्ड कप में शतक लगावे वाला ग्लेन फिलिप्स के सामिल कइल गइल बा।

कोहली अपना अभियान के सुरुआत में चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के खिलाफ नाबाद 82 रन के पारी खेल भारत के जीत दिलवले। एकरा बाद बांग्लादेश के खिलाफ नाबाद 64, नीदरलैंड के खिलाफ नाबाद 62 आ सेमीफाइनल में इंग्लैंड के खिलाफ 50 रन की पारी खेल शानदार प्रदर्शन कइलें।

आईसीसी के एह टीम में जिम्बाब्वे के ऑलराउंडर सिंकदर रजा के सामिल कइल गइल बा। उनका के नंबर छव प रखल गइल बा। रजा एह टूर्नामेंट के कुल आठ पारियन में 147.97 के स्ट्राइक रेट से 219 रन बनवलें। पाकिस्तान के ऑलराउंडर शादब खान के नंबर सात प चुनल गइल। शादाब खान एह टूर्नामेंट में सानदार लय में दिखलें। एह टूर्नामेंट में उनका बल्ला से 98 रन निकलल आ गेंदबाजी में ऊ 11 विकेट झटकलें।

गेंदबाजन में सबसे पहिले बॉलिंग ऑलराउंडर आ‘प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट’ सैम करन के नंबर आठ प रखल गइल। सैम करन एह विश्व कप में 11.38 के औसत से कुल 13 विकेट झटकलें। एकरा बाद अफ्रीका के तेज गेंदबाज़ एनरिक नॉर्किया के नंबर 9 प रखल गइल। इंग्लैंड आ टी20 वर्ल्ड कप के इतिहास के सबसे तेज गेंदबाज मार्क वुड के नंबर 10 प रखल गइल। ओहिजा शाहीन अफरीदी के 11वां नंबर प रखल गइल।

ICC टी20 वर्ल्ड कप 2022 के सबसे मूल्यवान टीम एह तरे बा- एलेक्स हेल्स, जॉस बटलर, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ग्लेन फिलिप्स, सिकंदर रजा, शादाब खान, सैम करन, एनरिक नॉर्किया, मार्क वुड, शाहीन अफरीदी

379790cookie-checkVirat Kohli आ सूर्यकुमार ICC टी20 वर्ल्ड कप 2022 के मोस्ट वैल्यूबल टीम में सामिल, एह खिलाड़ियन के संगे मिलल जगह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.