ICC Hall of Fame: महेंद्र सिंह धोनी के मिलल बड़ सम्मान, आईसीसी हॉल ऑफ फेम में भइलें सामिल; बीसीसीआई देलस बधाई

Share

स्पाेर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के आईसीसी हॉल ऑफ फेम में सामिल कइल गइल बा। धोनी भारत के 11वां खिलाड़ी हवे जेकरा के एह सूची में सामिल कइल गइल बा। आईसीसी सोमार के एकर जानकारी देलस। धोनी के अलावा दक्षिण अफ्रीका के पूर्व बल्लेबाज हाशिम अमला, ऑस्ट्रेलिया के पूर्व बल्लेबाज मैथ्यू हेडन, दक्षिण अफ्रीका के पूर्व कप्तान ग्रीम स्मिथ, न्यूजीलैंड के पूर्व स्पिनर डेनियल विटोरी, पाकिस्तान महिला टीम के खिलाड़ी सना मीर आ इंग्लैंड महिला टीम के खिलाड़ी सारा टेलर के एह सूची में सामिल कइल गइल बा।

2020 में अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के कहले रहस अलविदा

धोनी के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेला करीब पांच साल हो गइल बा। धोनी भारत खातिर आखिरी मैच 2019 वनडे विश्व कप के सेमीफाइनल में खेलले रहस। भारत ऊ मुकाबला हार गइल रहे आ टूर्नामेंट से बाहर हो गइल रहे। एकरा बाद धोनी भारत खातिर कवनो मुकाबला ना खेलले आ फेर 15 अगस्त 2020 के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेवे के फैसला कइलें।

अपना कप्तानी में दिलवलें तीन आईसीसी खिताब

कैप्टन कूल के नाम से प्रसिद्ध रहल धोनी भारत के सबसे सफल कप्तानन में से एगो बाड़ें। रांची से आवे वाला धोनी भारत के अपना कप्तानी में 2007 टी20 विश्व कप, 2011 वनडे विश्व कप आ 2013 चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब दिलवले रहस। धोनी भारत के एकमात्र कप्तान हवे जिनका कप्तानी में टीम तीन आईसीसी खिताब जीतले बिया। एकरा अलावे उनका नेतृत्व में भारत 2010, 2016 में एशिया कप के खिताबो जीतले रहे। धोनी 2004 में बांग्लादेश के खिलाफ भारत खातिर डेब्यू कइले रहस।

धोनी भारत के 11वां खिलाड़ी हवे जिनका के आईसीसी हॉल ऑफ फेम में सामिल कइल गइल बा। उनका से पहिले नीतू डेविड, वीरेंद्र सहवाग, डियान एडुल्जी, विनोद मांकड़, सचिन तेंदुलकर, राहुल द्रविड़, अनिल कुंबले, कपिल देव, बिशन सिंह बेदी आ सुनील गावस्कर के ई सम्मान मिल चुकल बा। गावस्कर आ बिशन सिंह बेदी भारत से आईसीसी हॉल ऑफ फेम में सामिल होखे वाला सबसे उम्रदराज खिलाड़ी हs लोग। ओह लोगन के ई सम्मान 2009 में मिलल रहे।

आईपीएल में चमकल बाड़ें धोनी

आईसीसी खिताब खातिर भारत के मार्गदर्शन कइला के अलावे, ऊ इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) आ चैंपियंस लीग टी20 में चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) फ्रेंचाइजी के गौरव दिलवले बाड़ें। ऊ सीएसके के 2010, 2011, 2018, 2021 आ 2023 में पांच आईपीएल खिताब दिलवले बाड़ें। धोनी के कप्तानी में सीएसके 2010 आ 2014 में चैम्पियंस लीग टी20 के खिताब जीतले रहे। धोनी 2016 से 2017 में सीएसके के बैन होखला पs राइजिंग पुणे सुपरजाएंट्स खातिर खेलल रहस। धोनी आईपीएल 2025 में अनकैप्ड खिलाड़ी के तौर पs खेले उतरल रहस आ ऋतुराज गायकवाड़ के अनुपस्थिति में ऊ टीम के कमान संभरले रहस।

बीसीसीआई देलस बधाई

आईसीसी हॉल ऑफ फेम में सामिल होखे खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) धोनी के बधाई देले बा। बीसीसीआई एक्स पs लिखलस, भारतीय टीम के दिग्गज पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के आईसीसी हॉल ऑफ फेम में सामिल होखे खातिर बहुत बधाई। ऊ एह प्रतिष्ठित सूची में सामिल होखे वाला 11वां भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़ें।

धोनी के अंतरराष्ट्रीय करिअर

चेन्नई सुपर किंग्स में ‘थाला’ के रूप में पहचानल जाये वाला धोनी भारत खातिर 98 टी20 खेललें, जेमे ऊ 126.13 के स्ट्राइक रेट से 37.60 के औसत से 1,617 रन बनवलें। उनका नावे एह प्रारूप में दुगाे अर्धशतक बा। उनकर सर्वश्रेष्ठ स्कोर 56 रन बा। टेस्ट के बात करीं तs धोनी 90 मैच खेललें, जेमे 38.09 के औसत से 4,876 रन बनवलें। ऊ 224 के सर्वश्रेष्ठ स्कोर के संगे छव शतक आ 33 अर्धशतक बनवलें। ऊ टेस्ट में भारत खातिर 14वां सबसे जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी बाड़ें। एगो कप्तान के रूप में ऊ 60 टेस्ट मैचन में भारत के नेतृत्व कइलें, जेमे से ऊ 27 मैच जीतलें, 18 हरलें आ 15 ड्रॉ रहलें। 45 फीसद के जीत प्रतिशत के संगे, ऊ भारत के सबसे सफल कप्तानन में से एगो बाड़ें। ऊ टीम इंडिया के आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में नंबर एक रैंकिंग दिलवलें। धोनी भारत खातिर 350 वनडे मैच खेललें, जेमे 10773 रन बनवलें। एह दौरान ऊ 10 शतक आ 73 अर्धशतक लगवलें। वनडे में उनकर सर्वोच्च स्कोर नाबाद 183 रन रहल।

Read Also: WWDC 2025: एपल iOS 18 के बाद सीधे iOS 26 काहे लॉन्च कइलस, हैरान करे वाला बा वजह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-