[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG: इंग्लैंड पहुंचतही तइयारियन में जुटल भारतीय टीम, फील्डिंग अभ्यास कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय टीम इंग्लैंड पहुंचला के संगही टेस्ट सीरीज के तइयारी सुरू कs देले बिया। कप्तान शुभमन गिल आ मुख्य कोच गौतम गंभीर के अगुआई में भारतीय टीम सनीचर के इंग्लैंड पहुंचल रहे। भारत आ इंग्लैंड के बीच 20 जून से पांच मैचन के टेस्ट सीरीज होखे के बा। रोहित शर्मा आ विराट कोहली के लाल गेना के प्रारूप से संन्यास लेला के बाद टीम इंडिया के ई पहिला द्विपक्षीय सीरीज बा।

डब्ल्यूटीसी के नया चक्र के करी सुरुआत

एह सीरीज के संगही भारतीय टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के नया चक्र के सुरुआत करी। भारतीय टीम इंग्लैंड के खिलाफ शुभमन गिल के कप्तानी में खेले उतरी। गिल के रोहित शर्मा के जगह टेस्ट टीम के कप्तान बनावल गइल बा। ऋषभ पंत एह सीरीज में उपकप्तान के भूमिका में होइहें। भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के सीरीज के पहिला टेस्ट 20 जून से लीड्स में खेलल जाई। एह सीरीज के संगही भारत के नया विश्व टेस्ट चैंपियनशिप चक्र (2025-27) के सुरुआत हो जाई।

बीसीसीआई शेयर कइलस वीडियो

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) एक्स पs एगो वीडियो शेयर कइले बा जेमे भारतीय टीम कोच गंभीर के देखरेख में अभ्यास करत नजर आ रहल बा। एह दौरान गिल अभ्यास करत लउकत दिख रहल बाड़ें। वीडियो में दिख रहल बा कि भारतीय खिलाड़ी वॉर्म-अप कइल लोग आ फेर फील्डिंग अभ्यासो करत लउकल लो। एह दौरान टीम के खिलाड़ी फुटबॉल खेले के आनंद लिहल लोग। गंभीर पूरा सत्र के दौरान खिलाड़ियन पs नजर रख रहल बा लोग आ ऊ कुछ खिलाड़ियन से बातो कइलें। राहत के बात ई बा कि अभ्यास में तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह ने हिस्सा लेलें। बुमराह के कार्यभार प्रबंध चिंता के विषय रहेला। भारत के टेस्ट सीरीज से पहिले 13 से 16 जून तक बेकेनहैम के केंट काउंटी क्रिकेट ग्राउंड में इंट्रा स्क्वाड मैच खेले के बा।

18 साल का सूखा समाप्त करने की चुनौती

गिल नया जिम्मेदारियन खातिर तइयार बाड़ें, बाकिर उनका सामने चुनौती बड़ बा। गिल आ मुख्य कोच गौतम गंभीर के नेतृत्व में भारतीय टेस्ट टीम बदलाव के दौर से गुजरल बिया आ अब ओकरा नतीजा देवे के होई। दरअसल, भारत 2007 के बाद से इंग्लैंड में कवनो टेस्ट सीरीज नइखे जीतले, अइसन में सभे के मन में इहे सवाल उठ रहल बा कि का गिल-गंभीर के ई जोड़ी 18 साल के सूखा समाप्त कs पाई? भारत आखिरी बेर 2007 में राहुल द्रविड़ के कप्तानी में इंग्लैंड के खिलाफ ओकरा घर में टेस्ट सीरीज जीतले रहे। ओह वक्त तीन मैचन के सीरीज में भारत 1-0 से जीत दर्ज करे में सफल रहल रहे। 2007 के बाद से भारतीय टीम चार बेर इंग्लैंड दौरा पs गइल, बाकिर जीत के स्वाद ना चख सकल।

टेस्ट सीरीज खातिर भारतीय टीम एह तरे बिया…

शुभमन गिल (कप्तान), ऋषभ पंत (उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल, साई सुदर्शन, अभिमन्यु ईश्वरन, करुण नायर, नीतीश रेड्डी, रवींद्र जडेजा, ध्रुव जुरेल, वॉशिंगटन सुंदर, शार्दुल ठाकुर, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज, प्रसिद्ध कृष्णा, आकाश दीप, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव।

Read Also: DDU Admission: गोरखपुर विश्वविद्यालय बढ़वलस प्रवेश आवेदन के तिथि, अब 15 जून तक अवसर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]