[the_ad_group id="30365"]

IBPS Clerk 2023: आवेदन प्रक्रिया 1 जुलाई से हाेइ शुरू, परीक्षा के विस्तृत जानकारी ईंहाँ देखी….

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आईबीपीएस बहाली 2023 : इंस्टीट्यूट ऑफ बैंकिंग पर्सनेल सेलेक्शन ( IBPS) देश के 11 सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक में क्लर्क के बहाली खातीर अधिसूचना जारी कईले बिया।

एह पदन खातिर आईबीपीएस बहाली प्रक्रिया खातिर 1 जुलाई 2023 से ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया शुरू करे जा रहल बा। एह पदन खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट ibps.in पs आवेदन क सकेलें। रउरा सभे से निहोरा बा कि आवेदन जमा करे के आखिरी तारीख 21 जुलाई बा। आईबीपीएस वित्तीय वर्ष 2023-24 खातिर 13वां साल के क्लर्क परीक्षा करावे वाला बा अवुरी एहीसे एकर नाम आईबीपीएस क्लर्क सीआरपी XIII राखल गईल बा। अधिसूचना के तहत ए परीक्षा के माध्यम से कुल 6000 पद पs नियुक्ति कईल जाई।

एतना हाेइ आवेदन शुल्क

जनरल, ओबीसी आ ईडब्ल्यूएस श्रेणी के आवेदन शुल्क 850 रुपिया राखल गइल बा. जबकि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, पीडब्ल्यूडी के आवेदन शुल्क 175 रुपया राखल गईल बा।

उमिर के सीमा 

आईबीपीएस क्लर्क भर्ती 2023 खातिर न्यूनतम उमिर 20 साल आ अधिकतम उमिर 28 साल राखल गइल बा। एह बहाली में उमिर के गणना 1 जुलाई 2023 के आधार मान के कइल जाई। अउरी विवरण उम्मीदवार आधिकारिक ववेबसाइट पs जारी नोटिफिकेशन में देख सकतारे।

चयन प्रक्रिया आ संभावित तिथि

मिलल जानकारी के मुताबिक प्रीलिम्स परीक्षा 26, 27 अगस्त अवुरी 9 सितंबर 2023 के होखे के संभावना बा। प्रीलिम्स परीक्षा में क्वालीफाई करे वालन के 7 अक्टूबर 2023 के होखे वाला आईबीपीएस क्लर्क मेन्स 2023 खातिर बोलावल जाई. परीक्षा केंद्र, परीक्षा के समय अवुरी निर्देश खाती उम्मीदवार के एक सप्ताह पहिले जानकारी दिहल जाई। बताईं कि एह पदन खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के स्नातक होखे के चाहीं, साथही ओकर उमिर 28 साल से अधिका ना होखे के चाहीं।

योग्यता का होखे के चाहि

एह पदन खातिर आवेदन करे के सोचे वाला उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक के डिग्री होखे के चाहीं। एकरा संगे कंप्यूटर ऑपरेटिंग में भी दक्षता होखे के चाही।

आईबीपीएस क्लर्क भर्ती खातिर आवेदन कईसे कईल जाला?

• सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।

• एकरा बाद होम पेज पs Recruitment सेक्शन पs क्लिक करीं।

• एकरा बाद आईबीपीएस क्लर्क रिक्रूटमेंट 2023 पs क्लिक करे के होई।

• एकरा बाद आईबीपीएस क्लर्क भर्ती 2023 के ऑफिशल नोटिफिकेशन के ध्यान से पढ़े के होई।

• एकरा बाद उम्मीदवार के Apply Online पs क्लिक करे के होई।

• एकरा बाद उम्मीदवार के आवेदन पत्र में पूछल गईल सभ ​​जानकारी के ध्यान से भर देवे के होई।

• जरुरी दस्तावेज, फोटो आ हस्ताक्षर अपलोड करीं।

• आवेदन पत्र के शुल्क भर के जमा क दीं।

• एकरा बाद फार्म के कॉपी डाउनलोड क के अपना लगे राखी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]