Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘हम कई गो फिल्म देखनी, बाकिर केजरीवाल जइसन एक्टर ना देखनी’ – मनोज तिवारी

429
Google Ads 300*250 for posts

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल एतवार का दिने अपना पद से इस्तीफा देबे के एलान कइलन। एही से भाजपा के सभ नेता केजरीवाल पs हमला करे लगले। भाजपा सांसद मनोज तिवारी सोमार के दिने कहलन कि भारत के इतिहास में अबहीं ले अइसन कवनो सीएम नइखन जेकरा के कोर्ट से एह पद से हटा दिहल गइल होखे।

मनोज तिवारी कहले कि, “भारत के इतिहास में आपके कवनो मुख्यमंत्री ना मिली, जेकरा के कोर्ट अपना पद से हटा देले बा। देश में कानून अउरी संविधान के राज बा। संविधान में कहल गइल बा कि जदी कवनो सीएम जेल गइले तऽ उनुका इस्तीफा देवे के चाही ताकि उनका पार्टी के केहु दोसर सीएम के पद संभाल सके।” आगे उऽ कहले कि केजरीवाल के अहंकार दिल्ली के समस्या से बड़ बा।

दिल्ली के समस्या से बड़ केजरीवाल के अहंकार : मनोज तिवारी

मनोज तिवारी कहले कि, “केजरीवाल के अहंकार दिल्ली के समस्या से बड़ बा। केजरीवाल के जवन नुकसान भइल बा, ओकरा के कवनो इस्तीफा से वापस नइखे कइल जा सकऽत। उनका जवन जमानत मिलल उहो शर्त के आधार पs रहे। शर्त के देखत कवनो सीएम शर्मिंदगी से मर जाई।” जमानत के दौरान उनका पs प्रतिबंध लगावल गइल बा कि उऽ ऑफिस नइखन जा सकऽत, फाइल प हस्ताक्षर नइखन कर सकत, तऽ उनका सीएम होखे से का फायदा, इ खाली ड्रामा हऽ।”

केजरीवाल के धूर्त स्वभाव अब ना चली: मनोज तिवारी

मनोज तिवारी इहो कहले कि केजरीवाल खाली जनता के धोखा देवेले, बाकिर उनकर धूर्त स्वभाव अब काम ना करी। उऽ कहले कि, “हम अपना जीवन में बहुत सिनेमा कइले बानी, बहुत फिल्म देखले बानी, बाकिर उनका से बड़ अभिनेता के कबो नइखी देखले। केजरीवाल खाली जनता के धोखा देवेले, बाकिर उनकर धूर्त स्वभाव अब काम ना करी। दिल्ली के लोग जियल चाहऽतारे।”

उ कहले कि चुनाव आवे वाला बा अउरी हमनी के सभे एकरा खातिर तइयारी करऽतानी। हमरा पूरा विश्वास बा कि अबकी बेर लोग ओह आदमी के वोट ना दिही जे पछिला 10 साल में दिल्ली खातिर कवनो नीमन काम ना कइले होखे आ शहर के हालत बहुत खराब कऽ देले होखे। लोग कांग्रेस से बेहतर योग्य पार्टी भाजपा के वोट दिहें।

960740cookie-check‘हम कई गो फिल्म देखनी, बाकिर केजरीवाल जइसन एक्टर ना देखनी’ – मनोज तिवारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.