“एक देश एक चुनाव” के लेके BJP पऽ कांग्रेस के हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

देश के सत्ताधारी गठबंधन एनडीए के चालू कार्यकाल में एक राष्ट्र एक चुनाव लागू करे के खबर पs कांग्रेस पार्टी जोर देलस कि ‘एक राष्ट्र, एक चुनाव’ के कवनो मसौदा प्रस्ताव नइखे आ सरकार एकरा

Share

देश के सत्ताधारी गठबंधन एनडीए के चालू कार्यकाल में एक राष्ट्र एक चुनाव लागू करे के खबर पs कांग्रेस पार्टी जोर देलस कि ‘एक राष्ट्र, एक चुनाव’ के कवनो मसौदा प्रस्ताव नइखे आ सरकार एकरा बारे में बात करे के कवनो फैसला नईखे कइले।

एनडीए एही कार्यकाल में एक देश एक चुनाव लागू करी

सूत्र के मुताबिक भाजपा के नेतृत्व वाली एनडीए सरकार अपना मौजूदा कार्यकाल में ‘एक राष्ट्र, एक चुनाव’ लागू करी। उऽ भरोसा जतवले बिया कि सुधार उपाय के सभे दल के समर्थन मिली। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व वाली एनडीए सरकार के तीसरा कार्यकाल के 100 दिन पूरा होखला के संगे सूत्र के कहनाम बा कि बाकी कार्यकाल में सत्ताधारी गठबंधन के एकता ओसही रही।

कब तक टिकी ई सरकार?- सुप्रिया श्रीनेत 

सरकार के एही कार्यकाल में ‘एक राष्ट्र, एक चुनाव’ के लागू करे के रिपोर्ट के बारे में पूछला पs कांग्रेस प्रवक्ता सुप्रिया श्रीनेत सरकारी सूत्र के हवाला देत कहली कि, हम कांग्रेस पार्टी के आधिकारिक प्रवक्ता आ हई मोदी सरकार के कई गो असफलता के पर्दाफाश कइले बानी। चुनिंदा तरीका से जानकारी लीक कऽ के ई सरकार कब ले टिकल रही?

सरकार हमनी से कवनो बातचीत नइखे कइले – कांग्रेस

कब ले ई सरकार एह देश के असली समस्या पर आँख मूँदत रही? सूचना फइला के असलियत इ बा कि एक देश, एक चुनाव के कवनो मसौदा नइखे, असलियत इ बा कि कवनो चर्चा नइखे भइल, असलियत इ बा कि विधानसभा चलता, असलियत इ बा कि सरकार हमनी से बात करे के कवनो प्रयास नइखे कइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.