गर्भवती महिला के लेके जात एंबुलेंस में लागल भीषण आग, फेर भइल जोरदार धमाका

गर्भवती महिला के लेके जात एंबुलेंस में लागल भीषण आग

Share

 

 

महाराष्ट्र के जलगांव में एगो भयानक हादसा देखल गइल बा. दरअसल एगो गर्भवती महिला के अस्पताल ले जाए वाली एम्बुलेंस में भारी आग लाग गईल। एतने ना, आग लगला के चलते एम्बुलेंस में राखल सिलेंडर में एतना बड़ धमाका हो गईल कि एम्बुलेंस के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। एम्बुलेंस में लागल ऑक्सीजन सिलेंडर के विस्फोट से इलाका के कुछ घर के खिड़की भी टूट गईल। बता दीं कि ई हादसा तब देखल गइल जब एगो गर्भवती महिला मरीज के एरंडोल सरकारी अस्पताल से जलगांव जिला अस्पताल ले आवल जात रहे।

एम्बुलेंस में आग लाग गईल, फिर भारी धमाका भईल

जानकारी के मुताबिक शुरू से ही एम्बुलेंस के इंजन से धुआं निकलत रहे। इंजन से धुआं निकलत देख एम्बुलेंस चालक सतर्क हो गइल आ सभका के बाहर निकाल दिहलस. मिलल जानकारी के मुताबिक अबे ले एs घटना में कवनो प्रकार के चोट चाहे हताहत के कवनो खबर नईखे आईल। बता दीं कि एकर वीडियो भी सामने आइल बा। एह वीडियो में देखल जा सकेला कि कइसे एगो एम्बुलेंस में आग लागल बा आ ओहिजा बहुते लोग मौजूद बा जे वीडियो रिकार्ड कs रहल बा. दूसर ओर एगो बड़हन विस्फोट देखे के मिलेला, जेकरा बाद चारो ओर एगो भयानक रोशनी फइल जाला।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-