Tamil Nadu में TATA के इलेक्ट्रॉनिक प्लांट में भीषण आग

Share

तमिलनाडु के होसुर में इस्थित टाटा इलेक्ट्रॉनिक्स के मैन्युफैक्चरिंग यूनिट में आज सबेरे आग लाग गइल। आग लगला के चलते संपत्ति के बहुत नुकसान भइल बा। फायर ब्रिगेड आग पर काबू पावे में लागल बा। कारखाना में आग लगला पs करीब 1500 कर्मचारी ड्यूटी पर रहले। अभी तक आग लागे के कारण के पता नइखे चलल।

तमिलनाडु के होसुर में शनिचर के दिने टाटा इलेक्ट्रॉनिक्स के मैन्युफैक्चरिंग यूनिट (टाटा इलेक्ट्रॉनिक प्लांट) में भारी आग लाग गइल। सेलफोन निर्माण खंड में आग लागल बा, जवना के बाद कर्मचारी के परिसर खाली करे के पड़ल। समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक आग लगला के चलते संपत्ति के बहुत नुकसान भइल बा। फायर ब्रिगेड आग पs काबू पावे में लागल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-