[the_ad_group id="30365"]

बिना इंटरनेट के कर सकीले Gmail के इस्तेमाल , बस इ काम करे के होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज के समय में शायदे कवनो अयीसन आदमी होई, जेकरा लगे स्मार्टफोन नईखे अवुरी जीमेल के इस्तेमाल ना करी। जीमेल के इस्तेमाल पूरा दुनिया में होला। अब तक एकर इस्तेमाल करे वाला लोग के ही पता बा कि एकर इस्तेमाल तबे कईल जा सकता जब इंटरनेट चालू होखे। हालांकि हमनी के बता दीं कि जीमेल के इस्तेमाल ऑफलाइन होखला प भी कईल जा सकता।

ऑफलाइन यानी फोन में इंटरनेट बंद होखला प भी ईमेल खोजला से लेके मेल रिसीव करे अवुरी भेजे तक के सभ काम संभव बा। एह में यूजर के बस इहे ध्यान राखे के होई कि जीमेल के ऑफलाइन इस्तेमाल करे खाती क्रोम में mail.google.com के बुकमार्क करे के होई। जे लोग जीमेल के वर्क भा स्कूल अकाउंट वाला इस्तेमाल करेला ओकरा एडमिन से सेटिंग बदले के पड़ी. आईं हमनी के बताईं जा कि ऑफलाइन मोड में जीमेल के इस्तेमाल कईसे कईल जाला।

ऑफलाइन ईमेल के कइसे सक्षम कइल जाला

1. अपना लैपटॉप भा कंप्यूटर प क्रोम ब्राउज़र डाउनलोड करीं।
2. जीमेल के ऑफलाइन इस्तेमाल करे खातिर क्रोम में लॉगिन कईल जरूरी बा।
3. अब क्रोम प https://mail.google.com/mail/u/0/#settings/offline सर्च करीं।
4. “Enable offline mail” के विकल्प होई, ओकरा प क्लिक करीं।
5. सेटिंग में जाके विकल्प चुनीं कि रउआ केतना दिन के मेल सिंक करे के बा।
6. एकरा बाद Save changes पर क्लिक करीं।

उपर बतावल प्रक्रिया के पालन कईला के बाद आप बिना इंटरनेट के जीमेल के इस्तेमाल क सकतानी। बस एकरा खातिर कुछ स्टेप के पालन करे के होई।

जीमेल के ऑफलाइन इस्तेमाल कईसे कईल जाला

जीमेल के ऑफलाइन इस्तेमाल करे खातिर mail.google.com पर जाईं. अगर रउरा चाहत बानी त एह आईडी के अपना क्रोम पर भी बुकमार्क कर सकेनी. ऑफलाइन ईमेल भेजत घरी ईमेल के एगो नया “आउटबॉक्स” फोल्डर में ले जाइल जाला आ फेर जब ऊ ऑनलाइन होला त ओकरा के भेज दिहल जाला.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]