[the_ad_group id="30365"]

30 दिन में छूमंतर हो जाई पेट के आसपास जमल चर्बी, रोज फॉलो करीं ई जादुई टिप्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेट के आसपास जमल चर्बी ना केवल आपके फिगर के खराब करेला बल्कि आपके सेहत के खातिर ढेर खतरनाक साबित हो सकेला। इहे वजह हs कि बढ़त वजन के समय रहते कंट्रोल क‌इल बहुते जरूरी हs नाहीं तs आपके लेवे के देवे पड़ सकेला। हालांकि कुछ टिप्स वेट लॉस में आपकर काफी हद ले मदद क‌s सकेला।

मोटापा से क‌इसे पाईं छुटकारा?

मोटापा से छुटकारा पाए खातिर खाली डाइटिंग आ फेर खाली जिम में पसीना बहावल काफी नाहीं हs। आपके अपने रूटीन में डाइटिंग आ जिम के साथे करे के चाहीं। रूटीन में शामिल होखे वाला छोट-छोट टिप्स आपके वेट लॉस जर्नी के आसान बना सकेला ।

गुनगुना पानी से करीं दिन के सुरुआत- अगर आप हर रोज अपने दिन के सुरुआत गुनगुना पानी के साथे करब तs आपके बॉडी में जमल फैट काफी तेजी से बर्न होला। सुबेरे- सुबेरे गुनगुना पानी पीअल आपके हेल्थ खातिर काफी ढेर फायदेमंद साबित होला।

प्रोटीन रिच ब्रेकफास्ट– ब्रेकफास्ट में प्रोटीन आ फाइबर रिच फूड आइटम्स के शामिल क‌इले से आपके पेट लंबा समय ले भरल रहीं यानी आप ओवरईटिंग से बच जा‌एब।

खाना से पहिले सलाद के सेवन– अपने डाइट के बैलेंस्ड रखे के खातिर आपके खाना ख‌इले से पहिले सलाद के सेवन करे के चाहि। 

भीजल ड्राई फ्रूट्स– मोटापा से छुटकारा पावे के खातिर रउरा सुबेरे- सुबेरे भीगल ड्राई फ्रूट्स खा सकेनी । आपके बता देंईं कि वजन घटावे खातिर आपके लिमिट में रही आ ही ड्राई फ्रूट्स कंज्यूम करें के चाहीं काहेकी ढेर ड्राई फ्रूट्स ख‌इले से आपके गट हेल्थ पs बुरा असर पड़ सकेला ।

30 मिनट एक्सरसाइज– हर रोज कम से कम 30 मिनट एक्सरसाइज करीं। अगर आप के एक्सरसाइज करे के खातिर समय नाहीं निकाल पावत बानी तs आप वॉक के अपने डेली रूटीन में शामिल क‌s सकेनी ।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]