[the_ad_group id="30365"]

390 साल पहिले कइसे भइल रहे ताजमहल के निर्माण, AI बनवलस कुछ अइसन तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आगरा के ताजमहल पूरा दुनिया में प्रेम के प्रतीक मानल जाला। हमनी के अक्सर ताजमहल के तस्वीर देखेनी जा जवना में प्यार में जुटल जोड़ा बा। ताजमहल के बारे में भी हमनी के बहुत कहानी सुनले बानी जा। जइसे शाहजहाँ ताजमहल बनावे वाला मजदूरन के हाथ काट दिहले रहले। इ दुनिया के 7 अजूबा में से एगो ह। ताजमहल के निर्माण 1631 में शाहजहां अपना पत्नी मुमताज के याद में कईले रहले। ताजमहल लगभग 390 साल पहिले पूरा हो चुकल बा। बाकिर का रउरा मालूम बा कि ओह घरी ताजमहल कइसे बनल रहे, हमनी के शायदे एकर कल्पना क सकेनी जा। बाकिर एआई एकर कल्पना जरूर कइले बा आ देखा दिहले बा कि ओह दौरान ताजमहल कइसे बनल।

ताजमहल अईसे बनल रहे

आर्टिस्ट Jyo John Mulloor ‘Midjourney’ नाम के सॉफ्टवेयर के मदद से इ फोटो बनवले बाड़े। जवन अब सोशल मीडिया पs बहुत तेजी से वायरल हो रहल बा। एह तस्वीरन के माध्यम से रउआ लगभग 400 साल पुरान इतिहास देख सकेनी। ई तस्वीर ताजमहल के निर्माण के कहानी ठीक से बतावत बा। कलाकार एह तस्वीरन के अइसे बनवले बाड़न जइसे कि ई बिल्कुल सही लागत होखे। एह फोटो के माध्यम से ताजमहल के निर्माण कई चरण में देखावल गईल बा। पहिला तस्वीर में रउआ बिना मीनार के ताजमहल देख सकेनी। एकरा बाद कुछ मजदूर ताजमहल के निर्माण करत देख सकेनी। कुछ फोटो में मीनार के निर्माण के काम देखाई देता। अंतिम तस्वीर में ताजमहल के निर्माण पूरा होखला के बाद देखावल गईल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]