अपच भा कब्ज जइसन समस्या आजकल हर उमिर के लोग में आम हो गइल बा. एकर कारण हमनी के खराब जीवनशैली, गलत खानपान अवुरी तनाव हो सकता। आज के व्यस्त जीवन में ना तs ठीक से खाए के फुर्सत बा ना सुते के। इs सभ आदत सबसे पहिले हमनी के पेट पs असर करेला। आज के समय में साफ पेट के अभाव में बहुत लोग बहुत परेशान बाड़े। कब्ज के चलते पेट में गैस बने लागेला अवुरी एकरा से हमनी के भूख पs भी असर पड़ेला। पेट के साफ ना होखे के चलते शरीर में विषैला पदार्थ जमा हो जाला, जवना से स्वास्थ्य के अवुरी बहुत समस्या पैदा हो सकता।
अगर राउर पेट साफ ना होखला से परेशान बानी अवुरी पेट में गंदगी के साफ करे के तरीका खोजतानी, तs एs लेख में हमनी के बताईब कि दूध में मिलवले से चीज़ के पियला से एकरा जड़ से इs समस्या खतम हो सकता।
कब्ज आ पेट साफ ना होले के कारण
फाइबर के कमी.
पानी के अपर्याप्त मात्रा.
फिजिकल एक्टिविटी के कमी.
ज्यादा जंक फूड आ तलल-भुनल भोजन के सेवन.
अनियमित भोजन समय आ तनाव.
कब्ज ठीक करे आ पेट के साफ करे के उपाय
त्रिफला पाउडर
त्रिफला पाउडर आयुर्वेदिक जड़ी-बूटी के मिश्रण हवे जे तीन गो फल (आमला, हरड़ आ बहेड़ा) से बनल होला। इs पाचन तंत्र के मजबूत करेला अवुरी मल त्याग में आसानी करेला।

उपयोग के तरीका
एक गिलास गरम दूध ले लीं।
एकरा में आधा से एक चम्मच त्रिफला पाउडर डाल दीं।
एकरा के बढ़िया से हिला के सुते से पहिले पी लीं।
एकर नियमित सेवन से कब्ज के समस्या दूर हो जाई।
घी आ शहद
घी अवुरी शहद के मिश्रण पेट के साफ करे अवुरी आंत के चिकनाई में बहुत कारगर होखेला। अगर आप एs दुनो चीज़ के एक संगे सेवन करीं तs इs आपके पेट के साफ करे में मदद कs सकता।

इस्तेमाल के तरीका
एक गिलास गुनगुना दूध में एक चम्मच गाय के घी मिला लीं।
ओकरा में आधा चम्मच शहद डाल दीं।
सुते से पहिले एकरा के धीरे-धीरे पी लीं।
एकरा से ना सिर्फ पेट साफ होखेला बालुक शरीर के गहरा पोषण भी मिलेला।
अस्वीकरण: सलाह समेत ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे. अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर