सीवान जेल में टीबी के प्रकोप: 789 कैदियन के जांच में 22 पॉजिटिव , 338 के रिपोर्ट असामान्य

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

सीवान : मंडल कारावास में टीबी के जांच के बाद चिंताजनक तस्वीर सामने आइल बा। जिला यक्ष्मा विभाग के आयोजित मेडिकल कैंप में कुल 789 कैदियन के जांच कइल गइल। एमे से 22 कैदी टीबी

Share

सीवान जेल में टीबी के प्रकोप: 789 कैदियन के जांच में 22 पॉजिटिव , 338 के रिपोर्ट असामान्य

सीवान : मंडल कारावास में टीबी के जांच के बाद चिंताजनक तस्वीर सामने आइल बा। जिला यक्ष्मा विभाग के आयोजित मेडिकल कैंप में कुल 789 कैदियन के जांच कइल गइल। एमे से 22 कैदी टीबी से संक्रमित पावल गइल बा।

338 कैदियन के रिपोर्ट असामान्य

जिला यक्ष्मा पदाधिकारी डॉ. अशोक कुमार बतवलें कि एक्स-रे जांच में 451 कैदियन के रिपोर्ट सामान्य आइल बा। ओहिजा, 338 कैदियन के रिपोर्ट असामान्य पावल गइल बा। असामान्य रिपोर्ट वाला कैदियन के ब्लड सैंपल लिहल गइल बा।

22 कैदी मिललें पॉजिटिव, इलाज सुरू

मेडिकल ऑफिसर डॉ. सुरेंद्र प्रसाद के अनुसार, संक्रमित पावल गइल 22 कैदियन के टीबी प्रिवेंटिव ट्रीटमेंट सुरू कs दिहल गइल बा। एह कैदियन के जेल प्रशासन के अनुमति के बाद जिला यक्ष्मा केंद्र में दोबारा एक्स-रे आ सीबीनेट जांच करावल जाई।

टीबी फइलला के खतरा, जेल प्रशासन अलर्ट

चिंता के बात ई बा कि संक्रमित कैदियन के संपर्क में आइल लगभग 300 आउर कैदियन में सीवाई टीबी इंजेक्शन टेस्ट में टीबी इनफेक्शन के पुष्टि भइल बा।

डॉ. अशोक संक्रमित कैदियन से अपील कइल गइल बा कि ऊ लोग मास्क पहनलें आ भीड़ से दूर रहीं। ताकि आउर कैदी संक्रमण से बच सके लो।

Read Also: ग्रेजुएशन फॉर्म जमा करे के डेडलाइन बढ़ल: JP विश्वविद्यालय होली के देखत 20 मार्च तक देलस छूट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.