इटली में भीषण सड़क हादसा, फ्लाईओवर से नीचे गिरल बस, २१ लोगन के मउत

Share

 

इटली के वेनिस शहर में एगो भयानक सड़क दुर्घटना के खबर बा। जानकारी के मुताबिक सड़क दुर्घटना में नाहियो त २१ लोग के मउत हो गईल। भारी संख्या में लोग घायल हो चुकल बाड़े। बहुत घायल लोग के हालत गंभीर बा।मरे वालन के गिनिती अउरी बढ़ सकेला। जानकारी के मुताबिक इटली के वेनिस शहर में यूक्रेन के नागरिक समेत विदेशी पर्यटक के लेके एगो बस फ्लाईओवर से गिर गईल। एह भयावह दुर्घटना में नाहियो त २१ लोग के मउत हो गइल जबकि एह हादसा में १८ लोग घवाहिल होखे के खबर बा|

एह हादसा में मरे वालन में दू गो बच्चा भी शामिल बाड़े

वेनिस शहर के एगो अधिकारी रेनातो बोरासो मंगल के दिने बतवले कि मेस्त्रे बोरॉ में भइल दुर्घटना में घायल लोग के हालत गंभीर बतावल जात बा। वेनिस के एगो अधिकारी मिचेल डी बारी बतवली कि मरेवाला लोग में दु बच्चा भी शामिल बाड़े। बोरासो बतवले कि कुछ पीड़ित यूक्रेन के नागरिक हवे अवुरी बस पर्यटक के एगो कैंप में ले जात रहे। वेनिस के मेयर लुइगी ब्रुगनारो सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ (पहिले ट्विटर) प कहले कि, मउका पs मिलल दृश्य तबाही के रहे।

प्रधानमंत्री मेलोनी गहरा दुख जतवली

ए दुर्घटना में मरेवाला लोग खातीर शहर में शोक के घोषणा कs दिहल गईल बा। स्थानीय मीडिया के मुताबिक, फ्लाईओवर के नीचे से गुजरत मेस्त्रे रेलवे पटरी से कुछ मीटर दूर बस गिर गईल अवुरी गिरला के बाद आग लाग गईल। इटली के प्रधानमंत्री जॉर्जिया मेलोनी एह हादसा पs ‘गहरा दुख’ जतवले बाड़ी |

 

 

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-