हॉकी में टीम इंडिया के कमाल: एशिया कप में इंडोनेशिया के 16-0 से हरवलस, पाकिस्तान के पीछे छोड़के सुपर-4 ला क्वालिफाई कइलस

Anurag Ranjan

भारतीय हॉकी टीम एशिया कप के अपना आखिरी पूल मैच में इंडोनेशिया के 16-0 के बड़ अंतर से हराके सुपर-4 में प्रवेश कs लेले बा। एह जीत से भारत आ पाकिस्तान के बराबर अंक हो गइल। हालांकि, भारत के गोल अंतरो पाकिस्तान से बेहतर करे के रहे आ एकरा खातिर 16 गोल के अंतर से जीत जरूरी रहे। एही के संगे जापान, साउथ कोरिया, मलेशिया 2023 वर्ल्ड कप ला क्वालिफाई हो गए हैं। भारत मेजबान के नाते क्वालिफाई हो चुकल बा।

जापान के पाक पs जीत से बनल रहे मवका

शुरुआती मुकाबलन के प्रदर्शन के बाद भारतीय टीम लगभग टूर्नामेंट से बाहर हो चुकल रहे। बाकिर पूल-ए में जापान पाकिस्तान के 3-2 से हरा देले रहे। एहसे भारत ला मवका बन गइल।

पहिला दु मैचन में उम्मीद के अनुरूप प्रदर्शन ना रहे

टूर्नामेंट के शुरुआती मुकाबलन में टीम इंडिया उम्मीद के अनुरूप प्रदर्शन ना कइले रहे। ऊ पहिला मुकाबला में पाकिस्तान से 1-1 से ड्रॉ मैच खेल रहे। दूसरा मैच में जापान 5-2 से हरवले रहे।

प्वाइंट टेबल के गणित

भारत पूल-ए में जापान 9 अंक के संगे नॉकआउट ला  क्वालिफाई हो गइल। ऊ आपन तीनों मैच जीतले बा। जबकि पाकिस्तान तीन मुकाबलन में से एगो जीत, एगो हार आ एगो ड्रॉ के मदद से 4 अंक अर्जित कs सकल। भारत के इहे स्थिति रही। बाकिर गोल डिफरेंस में मात दे गइल।

रूपिंदर के कमी खलल

टीम में अनुभव के कमी नजर आइल। निर्णायक क्षणन में भारतीय डिफेंस चरमरा गइल। मौजूदा टीम के सीनियर एसवी सुनील आ बीरेंद्र लाकड़ा कुछ खास ना कs सकल लो। पवन राजभर प्रभावित कइले। पेनाल्टी पs ड्रैग फ्लिकर रुपिंदर पाल सिंह के कमी खलल। उ टूर्नामेंट से ठीक पहिले चोटिल हो गइल रहस।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।