हॉकी: एशिया कप में भारत पिछड़ला के बाद मलेशिया से ड्रॉ खेललस

Share

  • टर्नामेंट में अब ले खेलल गइल 18 मैच में 123 गोल हो चुकल बा।
  • 05 मैच में भारतीय टीम कुल 24 गोल कइलस, जबकि दस गोल ओकरा खिलाफ भइल।

भारतीय हॉकी टीम अंतिम क्षणन में दु मिनट के भीतरी दु गोल दागके एशिया कप सुपर-4 स्टेज के दूसरा मुकाबला में मलेशिया के 3-3 के बराबरी पs रोक देलस। भारतीय टीम मध्यांतर ले 0-2 से पीछा रहे। एकरा बाद टीम जबरदस्त वापसी करत मुकाबला ड्रॉ करलस।

मलेशिया कावर से तीनों गोल ड्रैग फ्लिकर मोहम्मद रजी अब्दुल रहीम दगले। ऊ 12 वां, 21 वां आ 56 वां मिनट में गोल कइले। भारत ला विष्णुकांत सिंह 32 वां मिनट, एसवी सुनील 53 वां मिनट आ नीलम संजीप 55 वां मिनट में एक गोल कइले।

बिहान दक्षिण कोरिया से सामना

जुवा भारतीय टीम के सामना अब मंगर के दक्षिण कोरिया से होई। दूनो टीम के सुपर-4 स्टेज में एगो जीत आ एगो ड्रा से चार-चार अंक बा।

कोरिया शीर्ष पs

गोल अंतर के आधार पs दक्षिण कोरिया पहिले आ भारत दूसरा नंबर पs बा। मलेशिया दू ड्रॉ से तीसरा नंबर पs बा। जापान के टीम दुनो मैच हारके चउथा नंबर पs बिया। शीर्ष दु टीम एक जून के खिताब खातिर आमने – सामने होई। प्रबल संभावना बा कि ई फाइनल गत चैंपियन भारत आ दक्षिण कोरिया के बीचे होई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-