Sports: अगिला साल पांच जनवरी से होई हॉकी इंडिया लीग के आगाज, महिला वर्ग में दुगो नया टीम जुड़ली सs

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: हॉकी इंडिया लीग के अगिला सत्र पांच जनवरी 2026 से सुरू होई, जेमे महिला वर्ग में दुगाे नया टीम जुड़िहें सs। जवना सें महिला वर्ग में छव आ पुरुष वर्ग में आठ टीम भाग लिहें सs। हॉकी इंडिया के महासचिव भोलानाथ सिंह बतवलें,‘ हीरो हॉकी इंडिया लीग खातिर अबकी बेर पांच जनवरी से विंडो बा ताकि बिदेसी खिलाड़ी क्रिसमस मनाके आराम से इहां खेले आ सके लोग। पिछला बेर टूर्नामेंट 28 दिसंबर से सुरू भइल रहे। जवना के एक हफ्ता खातिर आगे बढावल गइल बा।’

सात साल बाद बहाल भइल लीग के पहिला सत्र में एक हजार से जादे खिलाड़ी नीलामी खातिर आवेदन देले रहे लोग। हॉकी इंडिया सोमार के खिलाड़ियन खातिर आनलाइन रजिस्ट्रेशन विंडो खोलले बा, जवन 20 अगस्त तक खुलल रही। महिला वर्ग में दुगो नया टीम अगिला सत्र में खेली। जवना के घोषणा जल्दिये कइल जाई।

Read Also: Europa League: मैनचेस्टर यूनाइटेड के हराके टोटेनहम जीतल यूरोपा लीग खिताब, ट्रॉफी के सूखा खत्म कइलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-