[the_ad_group id="30365"]

Europa League: मैनचेस्टर यूनाइटेड के हराके टोटेनहम जीतल यूरोपा लीग खिताब, ट्रॉफी के सूखा खत्म कइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: टोटेनहम बुध के मैनचेस्टर यूनाइटेड के 1-0 से हराके यूरोपा लीग फाइनल जीतलस आ चार दशक से जादे समय में आपन पहिलका यूरोपीय ट्रॉफी हासिल कइलस। एह तरे टोटेनहम के खिताब के सूखा आखिरकार खत्म हो गइल। 2008 में इंग्लिश लीग कप जीतला के बाद टोटेनहम के पहिला बड़ खिताब हs आ 1984 में आपन दूसरका यूएफा कप जीतला के बाद यूरोपीय लीग में पहिला जीत हs।

टोटेनहम खातिर ब्रेनन जॉनसन पहिला हाफ के अंत में विजयी गोल दागके जीत सुनिश्चित कइलें। जॉनसन कहलें, ‘ई क्लब 17 साल से कवनो ट्रॉफी नइखे जीतलें। ई ट्रॉफी बहुत मायने रखत बा। टोटेनहम एगो अच्छा टीम हs, बाकिर कबाे जीत ना पावे। हमनी के जीत हासिल कइले बानी सs।’

एह खिताब से टीम के अगिला सत्र के चैंपियंस लीग में जगह मिले के गारंटी मिलल। टोटेनहम यूरोपा लीग में आपन अभियान 10 जीत, तीन ड्रॉ आ दु हार से खत्म कइलस।

Read Also: Pro Kabaddi League: गुजरात जायंट्स के मुख्य कोच बनलें जयवीर शर्मा


[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]