[the_ad_group id="30365"]

कॉमनवेल्थ गेम्स खातिर मेंस हॉकी टीम के ऐलान, मनप्रीत के कप्तान के रूप में वापसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत कॉमनवेल्थ गेम्स खातिर सोमार के 18 सदस्यीय मजबूत सीनियर मेंस हॉकी टीम के घोषणा कइलस जेमे कप्तान के रूप में मनप्रीत सिंह के वापसी भइल बा जबकि ड्रैग फ्लिकर हरमनप्रीत सिंह के उप कप्तान बनावल गइल बा। हॉकी इंडिया बर्मिंघम खेलन आ 2024 पेरिस ओलंपिक के क्वालीफायर हांगझोउ एशियाई खेलन के बीच कम समय के कारण सुरुआत में राष्ट्रमंडल खेलन खातिर दूसरा दर्जा के टीम भेजे के फसीला कइले रहे। चीन में कोविड-19 से जुड़ल इस्थिति के कारण एशियाई खेलन के स्थगित कs दिहल गइल जेकरा चलते हॉकी इंडिया 28 जुलाई से सुरू हो रहल एह प्रतिष्ठित टूर्नामेंट खातिर मजबूत टीम चुने के फसीला कइलस।

भारतीय टीम के पूल बी में इंग्लैंड, कनाडा, वेल्स आ घाना के साथे राखल गइल बा। दु बेर के पूर्व रजत पदक विजेता भारतीय टीम अपना अभियान के सुरुआत 31 जुलाई के घाना के खिलाफ करी। पिछला साल टोक्यो ओलंपिक में ऐतिहासिक कांस्य पदक जीतला के दौरान मनप्रीत भारतीय टीम के अगुआई कइले रहस आ ऊ अमित रोहिदास के जगह लिहे जे बेल्जियम आ नीदरलैंड के खिलाफ एफआईएच प्रो लीग मुकाबलन में भारत के कप्तानी कइले। उप कप्तान बनावल गइल हरमनप्रीत एफआईएच हॉकी प्रो लीग में सर्वाधिक गोल दागे वाला खिलाड़ी रहले।

टीम में अनुभवी गोलकीपर पीआर श्रीजेश आ चोट के बाद वापसी कs रहल कृष्ण बहादुर पाठक के शामिल कइल गइल बा। डिफेंस के जिम्मेदारी वरूण कुमार, सुरेंद्र कुमार, हरमनप्रीत सिंह, अमित रोहिदास, जुगराज सिंह आ जरमनप्रीत सिंह पs होई। मिडफील्ड में मनप्रीत, हार्दिक सिंह, विवेक सागर प्रसाद, शमशेर सिंह, आकाशदीप सिंह आ नीलकांत शर्मा के जगह मिलल बा। स्ट्राइकर के रूप में टीम में मनदीप सिंह, ललित कुमार उपाध्याय, गुरजंत सिंह आ अभिषेक के शामिल कइल गइल बा।

एफआईएच प्रो लीग में भारतीय टीम के हिस्सा रहल गोलकीपर सूरज करकेरा आ फारवर्ड शिलानंद लाकड़ा के संगे सुखजीत सिंह के टीम में जगह नइखे मिलल। भारत गोल्ड कोस्ट में 2018 राष्ट्रमंडल खेलन में चउथा स्थान पs रहल रहे।

टीम एह तरे बा:

गोलकीपर: पीआर श्रीजेश आ कृष्ण बहादुर पाठक।

डिफेंडर: वरूण कुमार, सुरेंद्र कुमार, हरमनप्रीत सिंह, अमित रोहिदास, जुगराज सिंह आ जरमनप्रीत सिंह।

मिडफील्डर: मनप्रीत सिंह (कप्तान), हार्दिक सिंह, विवेक सागर प्रसाद, शमशेर सिंह, आकाशदीप सिंह आ नीलकांत शर्मा।

फारवर्ड: मनदीप सिंह, ललित कुमार उपाध्याय, गुरजंत सिंह आ अभिषेक।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]