Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

11 मार्च के इतिहास : बड़हन तबाही के दिन

11 मार्च के तारीख के इतिहास में दर्ज घटना सभ में जापान में आइल भयंकर भूकंप आ एकरे बाद समुंद्र में पैदा भइल भयावह सुनामी सबसे प्रमुख बाटे। ई बात 11 मार्च 2011 के ह जब जापान के प्रशांत तट पर टोहोकू के लगे समुंद्र में 9 तीव्रता के भारी भूकंप आइल आ सुनामी के सुरुआत भइल |

993

11 मार्च के इतिहास : बड़हन तबाही के दिन

देश आ दुनिया के इतिहास में 11 मार्च के तारीख के दर्ज अन्य महत्वपूर्ण घटना के विवरण निम्नलिखित बा।

11 मार्च के तारीख के इतिहास में दर्ज घटना सभ में जापान में आइल भयंकर भूकंप आ एकरे बाद समुंद्र में पैदा भइल भयावह सुनामी सबसे प्रमुख बाटे। ई बात 11 मार्च 2011 के ह जब जापान के प्रशांत तट पर टोहोकू के लगे समुंद्र में 9 तीव्रता के भारी भूकंप आइल आ सुनामी के सुरुआत भइल |जेह में 15,000 से ढेर लोग के मौत हो गइल आ संपत्ति के भारी नुकसान भइल। जापान के इतिहास में अब तक के सबसे ताकतवर भूकंप रहे। एह दिन के अउरी घटना के बात कइल जाव त 1881 के 11 मार्च के कलकत्ता के टाउन हॉल में रामनाथ टैगोर के मूर्ति लगावल गइल आ ई पहिला बेर भइल जब कवनो भारतीय के मूर्ति सार्वजनिक जगह पर लगावल गइल| 1948 में 11 मार्च के देश के पहिला आधुनिक जहाज ‘जलुशा’ के विशाखापत्तनम बंदरगाह से प्रक्षेपित कइल गइल।

1689.. मुगल सम्राट औरंगजेब शिवाजी के बेटा संभाजी के यातना देके हत्या क दिहले।

1881 : कलकत्ता टाउन हॉल में रामनाथ टैगोर के मूर्ति के स्थापना भइल। पहिला बेर कवनो भारतीय के मूर्ति सार्वजनिक जगह पे लगावल गइल|

1948. देश के प्रथम पोत जल ऊषा के विशाखापत्तनम से जलावतरण। एह में ओह समय उपलब्ध सगरी आधुनिक सिस्टम सभ से लैस रहे।

1985.. कोंस्तान्तिन चेरेंकों के निधन के बाद मिखाइल गोर्बाच्योफ के सोवियत संघ के सर्वोच्च नेता चुनल गइल।

1990.. संसद में वोट के बाद लिथुआनिया अपना के सोवियत संघ से स्वतंत्र घोषित कइलस। ई पहिला सोवियत गणराज्य रहे जवन अइसन कइले रहे।

1996.. ईरान द सैटेनिक वर्सेज किताब के लेखक सलमान रुश्दी का खिलाफ जारी फतवा वापस ले लिहलस|
2004.. स्पेन के तीन गो रेलवे स्टेशनन पर भइल बम विस्फोट में 190 लोग के मौत, 1200 लोग घवाहिल भइल|

2008.. अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा आपन वाहन एन्डेवर के अपना अंतरिक्ष स्टेशन के ओर भेजलस।
2011 : भारत मिसाइल ‘धनुष’ आ ‘पृथ्वी’ के सफलतापूर्वक परीक्षण कइलस जवन 350 किलोमीटर दूर तक के मिसाइल बनवलस|

२०११. जापान के इतिहास में अब तक के सबसे ताकतवर भूकंप रहे।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.