ऑस्कर में भारत के पहिला बेर दू गो अवार्ड मिलल बा: बेस्ट ओरिजिनल सॉन्ग खातिर नाटू-नाटू, द एलिफेंट व्हिस्परर्स बेस्ट शॉर्ट डॉक्यूमेंट्र

Share

ऑस्कर में भारत के पहिला बेर दू गो अवार्ड मिलल बा: बेस्ट ओरिजिनल सॉन्ग खातिर नाटू-नाटू, द एलिफेंट व्हिस्परर्स बेस्ट शॉर्ट डॉक्यूमेंट्र

95वां ऑस्कर समारोह में पहिला बेर भारत के पहिला बेर दू गो अवार्ड मिलल बा| फिल्म आरआरआर के गाना नाटु नाटु के सर्वश्रेष्ठ मौलिक गीत के पुरस्कार मिलल| एकरा साथे ही द एलिफेंट व्हिस्पर्स बेस्ट डॉक्यूमेंट्री लघु फिल्म बन गइल। हालांकि डॉक्यूमेंट्री फीचर फिल्म ऑल दैट ब्रीदस एह दौड़ से बाहर हो गइल बिया| ऑस्कर अवार्ड में भारत के एह तीनों कैटेगरी में नामांकन मिलल|

 

नाटू-नाटू के एकरा से पहिले गोल्डन ग्लोब अवार्ड में बेस्ट ओरिजिनल सांग के खिताब मिलल रहे। आस्कर समारोह में आरआरआर के नाटू-नाटू गाना लिखे वाला चंद्रबोस आ संगीतकार एमएम कीरवानी ट्रॉफी ले लिहले| एह दौरान फिल्म के निर्देशक राजामौली पीछे बइठल रह गइलन| आरआरआर के तेलुगु अर्थ हिंदी में रौद्रराम रणम रुधीराम आ राइज रोअर रिवोल्ट ह।

 

द एलिफेंट व्हिस्पर्स के निर्देशक आ निर्माता गुनीत मोंगा के सर्वश्रेष्ठ लघु डॉक्यूमेंट्री के पुरस्कार कार्तिकी गोंसाल्वेस के मिलल| एह दौरान समारोह में मौजूद दीपिका पादुकोण भावुक हो गइली| उ समारोह के प्रस्तोता के रूप में पहुंचल रहली। भारतीय समय के मुताबिक सोमवार के सबेरे साढ़े पांच बजे अमेरिका के लॉस एंजिल्स में ऑस्कर समारोह शुरू भईल।

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ट्वीट क के आरआरआर अउरी द एलिफेंट व्हिस्पर्स के निर्माता के बधाई देले। ऊ कहले- ‘असाधारण बा! ‘नाटू-नाटू’ के लोकप्रियता वैश्विक बा। ई एगो अइसन गीत ह जवन आवे वाला सालन ले याद राखल जाई| एम.एम.कीरवानी आ चंद्रबोस समेत पूरा टीम के एह सम्मान खातिर बधाई| भारत गदगद आ गर्व से भरल बा’।

गुनीत कहली – 2 औरत भारत खातिर क दिखलइली

द एलिफेंट व्हिस्पर्स के बेस्ट डॉक्यूमेंट्री शॉर्ट फिल्म के अवार्ड मिलला का बाद निर्माता गुनीत मोंगा सोशल मीडिया पर लिखले बाड़ी – हमनी का बस कवनो भारतीय प्रोडक्शन खातिर पहिला ऑस्कर जीतले बानी जा| दू गो मेहरारू अइसन कइली| हम त अबहियों काँपत बानी। साथही निर्देशक कार्तिकी गोंसाल्वेस लिखले बाड़ी – ई पुरस्कार हमरा मातृभूमि भारत खातिर बा|

दीपिका पादुकोण प्रेजेंटर के रूप में आइल रहली

दीपिका पादुकोण एह साल प्रेजेंटर का रूप में एह समारोह के हिस्सा बन गइल बाड़ी| ई समारोह सोमार का सबेरे साढ़े पाँच बजे लॉस एंजिल्स में शुरू भइल| अकादमी पुरस्कार के ट्विटर हैंडल के माध्यम से लाइव स्ट्रीमिंग भारत में नईखे लउकत। पोस्ट खोलला प एगो संदेश देखावल जाता – ‘ई वीडियो आपके लोकेशन पे उपलब्ध नईखे’।

62 साल में पहिला बेर लाल रंग के जगह शैम्पेन रंग के कालीन

रेड कार्पेट के ट्रेंड 62 साल पहिले ऑस्कर में शुरू भईल रहे। अबकी बेर एह रुझान के बदल दिहल गइल बा| अबकी बेर ऑस्कर समारोह में स्टार शैम्पेन रंग के कालीन पर एंट्री ले लिहले| एकरा से पहिले काल-राहुल आरआरआर के गाना नाटू-नाटू पे लाइव प्रस्तुति देले रहले। दर्शक खड़ा होके ताली बजावत रहले| लॉस एंजिल्स में होखे वाला एह अवार्ड शो में हॉलीवुड से लेके बॉलीवुड तक के कई गो स्टार चहुँप गइल रहने|

पहिले चुनल श्रेणी के विजेता के जान लीं-

कैटेगरी विनर

1 बेस्ट एनिमेटेड फीचर फिल्म फिल्म पिनोच्चियो

2 बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर के हुई क्वान

3 बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस जेमी ली कर्टिस

4 बेस्ट डॉक्यूमेंट्री फीचर फिल्म नवलनी

5 बेस्ट लाइव एक्शन शॉर्ट एन आयरिश गुडबाय

6 बेस्ट सिनेमैटोग्राफी ऑल क्वाइट ऑन द वेस्टर्न फ्रंट

7 मेकअप एंड हेयरस्टाइलिंग द व्हेल

8 कास्ट्यूम डिजाइन ब्लैक पैंथर

9 बेस्ट इंटरनेशनल फीचर फिल्म ऑल क्वाइट ऑन द वेस्टर्न फ्रंट

10 बेस्ट एनिमेटेड शॉर्ट फिल्म द बॉय, द मोल, द फॉक्स एंड द हॉर्स

11 बेस्ट ओरिजिनल स्कोर वोल्कर बर्टेलमैन

12 बेस्ट ओरिजिनल स्क्रीनप्ले एवरीथिंग एवरीवन ऑल एट वन्स

13 बेस्ट एक्टर ब्रेंडन फ्रेजर

14 बेस्ट एक्ट्रेस मिशेल योह

15 बेस्ट पिक्चर एवरीथिंग एवरीवन ऑल एट वन्स

 

एह श्रेणियन में भी पुरस्कार मिलल

अवतार 2 के ऑस्कर के अउरी कैटेगरी में बेस्ट विजुअल इफेक्ट के अवार्ड मिलल। सारा पोली के बेस्ट एडाप्टेड पटकथा, आ टॉप गन: मेवरिक्स के बेस्ट साउंड आ पॉल रॉजर्स के बेस्ट फिल्म एडिटिंग के पुरस्कार मिलल।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-