Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

धूमधाम से मनल यायावरी वाया भोजपुरी के होली मिलन आ फंडरेजर कार्यक्रम 

8,034

भोजपुरी साहित्य के संवर्धन आ विकास खातिर समर्पित संस्था ईश्वर बृज फाउंडेशन के तहत संचालित भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग ऐप यायावरी वाया भोजपुरी के होली मिलन समारोह में रंग गुलाल आ गीत-संगीत के बेहतरीन संगम देखे के मिलल। एह कार्यक्रम के आयोजन एगो स्थानीय रिसोर्ट में बीतल दिन कइल गइल।

रंग -गुलाल लगावत लोग

रंग गुलाल के माध्यम से प्रेम आ सदभाव के संदेश के बढ़ावा देवे वाला उल्लास के एह परब के अवसर पs आयोजित होली मिलन समारोह में भारी संख्या में उपस्थित भोजपुरी प्रेमी लोग गीतन के आनंद उठावल। एह दौरान गोरखपुर के उभरत लोक कलाकार पूजा निषाद, चर्चित गायिका अनन्या सिंह, आदित्य राजन आ शगुन श्रीवास्तव के गीतन पs लोग देर रात तक झूमत रहल। मनीष, आदित्य, आर्यन आ पवन वाद्ययंत्रन पs संगत कइल लोग।

फंडरेजर में लोग देखावल आपन दिलचस्पी

एह दौरान यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से फंडरेजर के आयोजन कइल गइल। जेमे उपस्थित लोग बढ़चढ़के हिस्सा लिहल। बता दीं कि यायावरी वाया भोजपुरी विश्व साहित्य के श्रेष्ठ कहानियन के अनुवाद भोजपुरी में करेला आ ऐप पर एह कहानियन के सुने खातिर उपलब्ध करावल जाला।

मवका पs गोरखपुर के पूर्व मेयर सत्या पांडेय, आम आदमी पार्टी के गोरखपुर महानगर अध्यक्ष विजय श्रीवास्तव, सामाजिक कार्यकर्ता आउर कवयित्री सुधा मोदी, संस्था के मुख्य ट्रस्टी बृजेश्वर मणि त्रिपाठी, विमलावती त्रिपाठी, क्षमा त्रिपाठी सहित कइयन लोग उपस्थित रहल। कार्यक्रम के सफल बनावे में संस्था के सदस्य गौरव मणि त्रिपाठी, सुधीर मिश्र, अनुराग रंजन, शिवांगी पाठक आ मिनी उपाध्याय के अहम भूमिका रहल।

478490cookie-checkधूमधाम से मनल यायावरी वाया भोजपुरी के होली मिलन आ फंडरेजर कार्यक्रम 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.