[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या राम मंदिर में दर्शन के साथे मिली तितलियन के बीच घूमे के मजा, दिखी दुर्लभ प्रजाती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अयोध्या के श्री राम जन्मभूमि में बनल भव्य राम मंदिर दिसंबर में 1800 करोड़ के लागत से पूरा हो जाई। जनवरी में रामलाला एहमें बइठिहें। भारी संख्या में भक्तन के आगमन खातिर रामनगरी के खास तइयारी कइल जा रहल बा। एकरा संगे तीस हजार करोड़ के योजना पूरा होखे के अंतिम चरण में बा। एही बीच रामनगरी में आवे वाला श्रद्धालु लोग के मनोरंजन के भी विशेष तैयारी कईल जाता।

एह क्रम में पर्यटकन के लुभावे खातिर रामनगरी में तितली के बगइचा बनावे के योजना बा. जवना में खास प्रजाति के रंग-बिरंग के तितली के पालन-पोषण होई। योजना बा कि जब पर्यटक बगइचा के भीतर जइहें त तितली ओह लोग के देह से टकरा जइहें. एह प्रोजेक्ट पर काम करे खातिर मुंबई के विशेषज्ञन के काम दिहल गइल बा. उ बगइचा बनावे के जगह भी चिन्हित कईले बाड़े। कुछ दिन बाद योजना प काम शुरू करे के चर्चा होखता।

आजकल रामनगरी के विकास के पहिया हजारो करोड़ से चल रहल बा। पर्यटक आ भक्तन खातिर रोज नया आकर्षक योजना बनावल जा रहल बा। ताकि उ लोग के दर्शन के संगे आनंददायक माहौल भी मिल सके। एह योजना पs भी काम हो रहल बा। प्रयास हो रहल बा कि रामलला अपना स्थायी भव्य महल यानी गर्भगृह में निवास करे आ पूरा पर्यावरण त्रेता युग के लउके।

एह योजना के काम करे वाला मुंबई के मैन ऑफ फॉरेस्ट के नाम से जानल जाए वाला प्रदीप त्रिपाठी बतवले कि तितली के बाग बनावे खाती बहुत जगह के चिन्हित हो चुकल बा। जवना में सोहावल के समदा झील के पास तितली खातिर अनुकूल माहौल मिलल बा। एही से एह इलाका में बगइचा बनावे के योजना बा। उ बतवले कि बगइचा तैयार होखला के बाद पर्यटक खातीर खोलल जाई। जब ऊ एहमें घुसिहें त तितली उनका देह से टकरा जइहें।

एडीए के सलाहकार राकेश सिंह के कहनाम बा कि मुंबई, दिल्ली अवुरी बेंगलुरु में पेड़ के जनगणना होखता। एही तरे अयोध्या में भी पेड़ के जनगणना के काम होई। पुरान आ नया पेड़न के डाटा तइयार कइल जा रहल बा। उ बतवले कि मोबाइल पs क्यूआर कोड स्कैन कईला के तुरंत बाद पेड़ के पूरा इतिहास सामने आ जाई। जवना में पेड़ लगावे के दिशा समेत अवुरी बहुत जानकारी शामिल कईल जाई। उ बतवले कि एकरा संगे अयोध्या के सीमा पs 6 प्रवेश द्वार बनावल जाई। पर्यटक एह गेट पs पहुँचेलें आ हरियाली के साथे बेहतर माहौल मिलेला, एह व्यवस्था पs भी काम हो रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]