[the_ad_group id="30365"]

विश्व हिन्दी दिवस: भारत के अलावा कवन देश में बोलल जाला हिंदी भाषा?

vishwa hindi diwas
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व हिन्दी दिवस :भारत में हिंदी भाषा बोले वाला लोग काफी संख्या में बा। रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि हिंदी 60 करोड़ से अधिका लोग के पहिला भाषा हs. पिछला कुछ साल से हिंदी भाषा के विकास बहुत तेजी से हो रहल बा। रउरा ई जान के हैरान होखब कि भारत के अलावा कई देशन में भी हिंदी भाषा बोले वाला लोग के काफी संख्या बा। 

हिन्दी नेपाल आ पाकिस्तान में बोलल जाला

भारत के पड़ोसी देश नेपाल में भी हिंदी भाषा बोलल जाला। नेपाल में मातृभाषा के रूप में नेपाली बोलल जाला बाकिर हिंदी भाषा बोले वाला आ समझे वाला लोग भी एही देश में बा। एही तरे पाकिस्तान के राष्ट्रीय भाषा उर्दू हs बाकिर पाकिस्तान में रहे वाला लोग भी हिंदी भाषा के बहुत बढ़िया से समझेला।

श्रीलंका आ भूटान में भी हिंदी भाषी लोग बा

रउरा सभे के जानकारी खातिर हम बता दीं कि श्रीलंका में हिंदी भाषा के बहुते पसंद बा. हालाँकि, श्रीलंका के तीन गो राजभाषा सभ में तमिल, अंगरेजी आ सिंहली सामिल बाड़ी सऽ। बता दीं कि भूटान के राजभाषा ज़ोंगखा हs बाकिर भूटान में भी हिंदी भाषा बोले वाला लोग बा।

श्रीलंका आ भूटान में भी हिंदी भाषी लोग बा

रउरा सभे के जानकारी खातिर हम बता दीं कि श्रीलंका में हिंदी भाषा के बहुते पसंद बा. हालाँकि, श्रीलंका के तीन गो राजभाषा सभ में तमिल, अंगरेजी आ सिंहली सामिल बाड़ी सऽ। बता दीं कि भूटान के राजभाषा ज़ोंगखा हs बाकिर भूटान में भी हिंदी भाषा बोले वाला लोग बा।

एह देशन में भी मौजूद हिंदी भाषी लोग

अगर अबले रउरा इहो सोचले रहीं कि हिंदी भाषा खाली भारत में बोलल जाला तs एह लेख के पढ़ला के बाद राउर गलतफहमी साफ हो जाई. रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि भारत के अलावा जवना देश में हिंदी बोलल जाला ओहिजा बांग्लादेश, मालदीव, म्यांमार, इंडोनेशिया, सिंगापुर आ थाईलैंड जइसन देश भी शामिल बा। विश्व हिन्दी दिवस पs रउरा ई जान के भी गर्व महसूस होई कि हिंदी भाषा बोले वाला आ समझे वाला लोग एह सब देस में रहेला।

इहो पढ़ीं: vishwa hindi diwas: जानीं संस्कृत से कइसे निकलल हिंदी भाषा, के लिखल पहिला साहित्य….

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]