Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मोटोरोला के एगो अवरू सस्ता फोन आइल बा, 10 हजार से भी कम में रउवा मिल जाई

741
Google Ads 300*250 for posts

जदी रउवा 10 हजार रुपया से कम में पावरफुल फोन चाही तs मोटोरोला राउर सपना के पूरा कs सकता। मोटोरोला के ई नाया फोन भारत में घुस गइल बा, जवना में कम दाम पs बहुत खास फीचर दिहल गइल बा।

मोटोरोला आपन नाया फोन MOTO G45 5G लॉन्च कइले बिया। ए फोन के सबसे खास बात बा कि एकर 50 मेगापिक्सल के डबल रियर कैमरा, 5000mAh के बैटरी, 20W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट अवरू 120Hz डिस्प्ले बा। फोन के शुरुआती दाम मात्र 10,999 रुपया राखल गइल बा। फोन के पहिला बिक्री 28 अगस्त के होई, अवरू ई फ्लिपकार्ट पs दुपहरिया 12 बजे से शुरू होई। एकर सब फीचर आ स्पेसिफिकेशन जानी।

MOTO G45 5G में 6.5 इंच के एचडी+ डिस्प्ले बा, जवन कि 720×1600 पिक्सेल रिजॉल्यूशन के संगे बा। एकरा में पंच होल डिस्प्ले दिहल गईल बा अवरू एकरा के एडैप्टिव रिफ्रेश रेट 120Hz अवरू टच सैंपलिंग रेट 240Hz दिहल गइल बा।

फोन के स्क्रीन पS सुरक्षा खातीर गोरिल्ला ग्लास 3 दिहल गइल बा, आ एकरा में 269ppi पिक्सेल डेन्सिटी दिहल गइल बा। ई फोन क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 6s Gen 3 चिपसेट के संगे पेश कइल गइल बा, अवरू एकरा में 8 जीबी रैम अवरू 128 जीबी इंटरनल स्टोरेज बा। एकर रैम के वर्चुअल रूप से 16 जीबी तक बढ़ावल जा सकता।

कैमरा के रूप में मोटो जी45 5जी में डबल कैमरा सेटअप बा जवना में f/1.8 एपर्चर वाला 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी सेंसर अवरू सिंगल एलईडी फ्लैश के संगे f/2.4 एपर्चर वाला 2 मेगापिक्सल के मैक्रो कैमरा शामिल बा। फोन के आगे के ओर सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 16 मेगापिक्सल के कैमरा बा।

पावर खातिर फोन में 5000mAh के बैटरी दिहल गइल बा, जवना में 18W चार्जिंग सपोर्ट बा। कनेक्टिविटी खातिर मोटो जी45 5जी में ब्लूटूथ 5.1, वाई-फाई 802.11 a/b/g/n/ac, जीपीएस, ए-जीपीएस, एलटीईपीपी, ग्लोनास, गैलिलियो, क्यूजेडएसएस, 3.5 मिमी ऑडियो जैक अवरू यूएसबी टाइप-सी दिहल गइल बा।

फोन के दाम केतना बा?

मोटोरोला के नयका फोन मोटो जी45 5जी के कीमत 10,999 रुपया से शुरू होखेला, जवन कि ओकरा बेस वेरिएंट 4जीबी रैम + 128जीबी स्टोरेज वेरिएंट खाती बा। जबकि 8जीबी रैम + 128जीबी स्टोरेज वाला एकर टॉप एंड मॉडल के दाम 12,999 रुपया राखल गइल बा। ग्राहक एकरा के ब्रिलियंट ब्लू, ब्रिलियंट ग्रीन आ विवा मैजेंटा रंग के विकल्प में घरे ले आ सकतारे।

खास बात ई बा कि पहिला बिक्री में नाया फोन पS भी ऑफर दिहल जाई। जदी आप फोन खरीदे खातीर एक्सिस बैंक, आईडीएफसी फर्स्ट बैंक क्रेडिट कार्ड अवरू क्रेडिट कार्ड ईएमआई के इस्तेमाल करतानी, तS MOTO G45 5G पS तुरंत 1,000 रुपया के छूट मिली। एकरा बाद फोन के शुरुआती दाम में 10 हजार रुपया के कमी आई, अवुरी ई फोन 9,999 रुपया में आपके होई।

935280cookie-checkमोटोरोला के एगो अवरू सस्ता फोन आइल बा, 10 हजार से भी कम में रउवा मिल जाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.