कवनों उमिर में एह आसन के करले से लंबाई आसानी से बढ़ सकेला

Share

 

कद खातिर योगासन : बहुत लोग कम लंबाई के चलते कम आत्मविश्वास महसूस करेले। कुछ लोग तs लंबाई बढ़ावे वाली दवाई तक लेवे लागेले, जवना के कबो- कबो दुष्प्रभाव भी होखेला। अइसना में आज हमनी के अइसन आसन के बारे में बतावे जा रहल बानी जा, जवना के कइला से राउर कद आसानी से बढ़ सकेला। ओह आसन के नाम पश्चिमोत्तानासन ह। इ आसन से ना सिर्फ आपके लंबाई बढ़ी बालुक एकरा से अवुरी बहुत फायदा होई।

पश्चिमोत्तानासन करे के फायदा

 1- अगर कद बढ़ावल चाहत बानी तs 3 महीना ले लगातार इ आसन करीं। एकरा से आपके लंबाई पs सकारात्मक असर पड़ी। एह आसन के कइला से राउर पेट भी मजबूत हो जाई।

2- पश्चिमोत्तानासन मधुमेह जईसन रोग से लड़े खातिर ताकत देला। एह आसन से तनाव भी कम हो जाला। एह आसन से शरीर में इंसुलिन के उत्पादन बढ़ेला। त एह मामिला में भी ई आसन फायदेमंद बा।

3- मासिक धर्म से जुड़ल समस्या से राहत देवे में इ योग आसन सहायक होखेला। मानसिक स्वास्थ्य में सुधार में भी इ आसन बहुत फायदेमंद बा। इ आसन लिवर अवुरी किडनी के बेमारी में भी बहुत फायदेमंद साबित होखेला।

4-  इ आसन भी आपके श्वसन तंत्र के साफ राखे में बहुत कारगर साबित होखेला। एकरा से आपके पेट भी टोन हो जाला। एकरा से गैस, कब्ज अवुरी अपच के समस्या ना होखेला। एकरा से आपके शरीर में भी लचीलापन आवेला। त आज से आपन आ आपन बच्चा खातिर भी एह आसन के अभ्यास करीं।

 

अस्वीकरण: सलाह समेत ई लेख खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे। अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-