जापान में “शानशान” तूफान आ भारी बरखा से आइल जलजला

जापान में शानशान तूफान ने मचाई तबाही:फोटो

Share

 

शानशान तूफान से जापान में हलचल मच गईल बा। शानशान तूफान के भयंकर रूप आ भारी बरखा जापान के कुछ हिस्सा में भइल जवना में एक आदमी के मउत हो गइल. आंधी अवुरी बरखा के चलते बहुत खंभा अवुरी पेड़ गिर गईल। एकरा चलते अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले। मौसम विभाग के अधिकारी देश के दक्षिणी हिस्सा में सबसे जादा चेतावनी जारी कईले बाड़े, जहां सबसे जादे नुकसान होखे के अनेसा बा। जापान मौसम एजेंसी के कहना बा कि शानशान तूफान दक्षिणी क्यूशू जात बा जहाँ 24 घंटा में 60 सेंटीमीटर (23.6 इंच) ले बरखा होखे के उमेद बा.

एजेंसी के कहनाम बा कि एह तूफान से देश के अधिकतर हिस्सा खास कs के कागोशिमा प्रांत में तेज हवा, तेज लहर आ भारी बरखा होखे के अनेसा बा. शहर के आपदा प्रबंधन विभाग के मुताबिक, आंधी-तूफान के चलते मध्य जापान के शहर गामागोरी में भारी बरखा भईल, जहां भूस्खलन से एगो घर के नुकसान पहुंचल अवुरी पांच लोग दब गईले। विभाग के कहल बा कि चार लोग के बचावल गइल बाकिर एक जने के मउत हो गइल.

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-