जम्मू-कश्मीर में सेना तीन आतंकियन के मार गिरवलस: तंगधार आ शमशु कुपवाड़ा में भइल एनकाउंटर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2024

जम्मू-कश्मीर में बियफे के सबेरे दु अलग-अलग एनकाउंटर में तीन आतंकवादियन के मार गिरावल गइल। सेना कहलस- राजौरी में दुगो आउर कुपवाड़ा में बॉर्डर के लगे एगो आतंकी के मारल जाये के संभावना बा। अभी

Share

जम्मू-कश्मीर में बियफे के सबेरे दु अलग-अलग एनकाउंटर में तीन आतंकवादियन के मार गिरावल गइल। सेना कहलस- राजौरी में दुगो आउर कुपवाड़ा में बॉर्डर के लगे एगो आतंकी के मारल जाये के संभावना बा। अभी आतंकियन के शव बरामद नइखे भइल। आतंकी खराब मौसम के फायदा उठाके घुसपैठ करे के कोसिस करत रहलें सs।

जम्मू-कश्मीर में बुध आ बियफे के तीन अलग-अगल जगह एनकाउंटर भइल। राजौरी में बियफे सबरे सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ भइल। सेना के खवास तहसील के लाठी-दरदिया इलाका में आतंकियन के सूचना मिलल रहे।

सर्च ऑपरेशन के दौरान सुरक्षाबल ट्रेसर राउंड से कुछ गोली चलावल जाई। इससे पहिले बुध (28 अगस्त) देर रात कुपवाड़ा के माछिल सेक्टर में 57 राष्ट्रीय राइफल्स (RR) के जवान लोग 3-4 आतंकवादियों के देखले चिनार कॉर्प्स कहलस कि दुनो तरफ से गोलीबारी भइल।

डोडा में 14 दिन पहिले कैप्टन दीपक सिंह शहीद भइल रहस 

14 अगस्त के डोडा में आतंकियन से एनकाउंटर में राष्ट्रीय राइफल के आर्मी कैप्टन दीपक सिंह शहीद हो गइल रहस। ऊ डोडा में असार फॉरेस्ट एरिया में चल रहल। एनकाउंटर में टीम को लीड करत रहस। एनकाउंटर में एगो आतंकी मारल गया। 16 जुलाई के डोडा के डेसा इलाका में मुठभेड़ के दौरान एगो कैप्टन सहित पांच जवान शहीद भइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.